रांची। झारखंड के राजधानी रांची में बुध के सांझ पुरान पानी टंकी के टावर गिरावे के दौरान बड़ हादसा हो गइल। टावर अचानक भरभराके ढह गइल आ ओकर मलबा में दब के दूगो मजदूरन के मौत हो गइल। हादसा सांझ करीब छव बजे कोतवाली थाना क्षेत्र में मवजूद जिला स्कूल परिसर में भइल। इहां नया पानी टंकी बनावे खातिर पुरान ढांचा के तुड़े के काम चलत रहे।
हादसा के समय पांच मजदूर रहे लोग मवजूद
अधिकारियन के मोताबिक, पुरान टावर गिरावे के काम जब चलत रहे, ओह समय घटनास्थल पs कुल पांच मजदूर मवजूद रहे लोग। टावर अचानक भरभराके गिर पड़ल, जवना में दूगो मजदूर मलबा में दब गइल लो। जबकि तीन मजदूरन के सुरक्षित बाहर निकाल लिहल गइल।
एगो शव पहिले मिलल, दूसरा बचाव अभियान में बरामद
एएसपी निखिल राय बतवलें कि हादसा में दूगो मजदूरन के मौत भइल बा। टावर गिरला के बाद एगो मजदूर के शव तुरंत मलबा से बरामद कs लिहल गइल रहे। जबकि दूसरका मजदूर मलबा के नीचे फंसल रहे। ओकर तलाश खातिर बचाव अभियान चलावल गइल।
एनडीआरएफ टीम संभरलस मोरचा
हादसा के सूचना मिलतही एनडीआरएफ के टीम घटनास्थल पs पहुंच गइल। रांची इस्थित 9वीं बटालियन एनडीआरएफ के कमांडेंट मोहम्मद सलीम रईम बतवलें कि सूचना मिलते टीम घटनास्थल खातिर रवाना हो गइल रहे।
टीम मवका पs पहुंच के बचाव अभियान सुरू कइलस आ मलबा में फंसल मजदूरन के तलाश सुरू कइलस। कमांडेंट बतवलें कि हादसा के समय मवका पs पांच लोग मवजूद रहलें। एमे से तीन लोगन के सुरक्षित बचा लिहल गइल। जिला प्रशासन पहिलही एगो मजदूर के शव बरामद कs लेले रहे, जबकि दूसरको शव अब बरामद कर लिहल गइल बा। शव पुलिस के हवाले कs दिहल गइल।
हादसा के कारणन के जांच सुरू
हादसा के बाद जिला प्रशासन आ पुलिस के टीम घटनास्थल पs पहुंच गइल। पुरान पानी टंकी के टावर गिरावे के दौरान ई ढांचा अचानक काहे ढह गइल, एकर जांच सुरू कs दिहल गइल बा। प्रशासन हादसा से जुड़ल बाकी पहलुअन के बारे में जानकारी जुटा रहल बा।






