राजकुमार संतोषी के भइल दु साल के सजा, चेक बाउंस मामिला में फंसले ‘घायल’ आ ‘घातक’ के निर्माता-निर्देशक

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 18, 2024

    गुजरात के जामनगर के एगो अदालत शनिचर के दिने मशहूर फिल्म निर्माता राजकुमार संतोषी के चेक बाउंस के मामिला में दू साल के जेल के सजा सुनवलस आ शिकायतकर्ता के दू करोड़ रुपिया

Share

 

 

गुजरात के जामनगर के एगो अदालत शनिचर के दिने मशहूर फिल्म निर्माता राजकुमार संतोषी के चेक बाउंस के मामिला में दू साल के जेल के सजा सुनवलस आ शिकायतकर्ता के दू करोड़ रुपिया देबे के निर्देश दिहलस। निर्देशक, निर्माता आ पटकथा लेखक संतोषी घायल’, ‘घातक’, ‘दामिनी’ आ ‘अंदाज अपना अपना’ जइसन फिलिमन खातिर जानल जालें। वरिष्ठ सिविल जज वी.जे. गढ़वी संतोषी के दु साल के जेल के सजा सुनवले अवुरी शिकायतकर्ता के दु करोड़ रुपिया देवे के कहले, जवन कि उनुका (शिकायतकर्ता) से लिहल रकम से दुगुना बा।

30 दिन के रोकले के अपील स्वीकार 

एकरा बाद कोर्ट संतोषी के अपील के स्वीकार कs लिहलस कि एs आदेश पs 30 दिन ले रोक लगा दिहल जाए, ताकि उ उच्च न्यायालय में अपील कs सके। उद्योगपति अशोक लाल अपना शिकायत में कहले कि उs संतोषी के एक करोड़ रुपिया उधार देले रहले, जवना के बदला में फिल्म निर्माता उनुका के 10-10 लाख रुपिया के 10 चेक देले रहले।

केस 2017 में दायर भईल रहे

लेकिन जब बैंक खाता में धन के कमी के चलते चेक बाउंस हो गईल तs लाल उनुका के कानूनी नोटिस जारी कs के 2017 में संतोषी के पईसा वापस ना कईला के बाद कोर्ट में संपर्क कईले।

अशोक लाल के वकील का कहले?

अशोक लाल के वकील पीयूष भोजानी कहले कि, एकरा बाद आरोपी उनुका खिलाफ दायर मामिला के मुंबई के अदालत में स्थानांतरित करे खातीर आवेदन कईले, जवना के शिकायतकर्ता सत्र अदालत में चुनौती देले। सत्र अदालत निर्देश दिहलस कि संतोषी के खिलाफ सभ मामिला के सुनवाई जामनगर में होखे।” ओकरा बाद कोर्ट फिल्म निर्माता के खिलाफ समन जारी कईलस लेकिन उs एकर जवाब ना देले।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.