[the_ad_group id="30365"]

Air India : राजकोट में टलल बड़ हादसा, दिल्ली जाये वाली एअर इंडिया के फ्लाइट चिरई से टकराइल, करावे के पड़ल इमरजेंसी लैंडिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली/राजकोट: गुजरात के राजकोट में एगो बड़ विमान हादसा टल गइल। राजकोट के हीरासर (राजकोट इंटरनेशनल) एयरपोर्ट से दिल्ली जाये वाली एअर इंडिया के एगो फ्लाइट उड़ान भरत समय चिरई (पक्षी) से टकरा गइल। चिरई के टकरावते पायलट सूझबूझ देखावत तुरंत विमान के सुरक्षित रूप से एयरपोर्ट पs वापस उतार देलें।

एह फ्लाइट में कुल 124 यात्री सवार रहे लोग। राहत के बात ई रहल कि सब यात्री सुरक्षित बा लोग आ केहू के कवनो नुकसान नइखे भइल। घटना के बाद एयरपोर्ट प्रशासन आ यात्री दुनो राहत के सांस लिहल लोग।

उड़ान भरत घरी इंजन से टकराइल चिरई

मिलल जानकारी के मोताबिक, एअर इंडिया के विमान जइसही रनवे से उड़ान भरत रहे, ओही दौरान एगो चिरई विमान के इंजन से टकरा गइल। टक्कर के बाद इंजन में तकनीकी खराबी के आशंका पैदा हो गइल।

इस्थिति के गंभीरता देखत पायलट तुरंत एयर ट्रैफिक कंट्रोल (ATC) से संपर्क कइलें आ विमान के वापस एयरपोर्ट पs सुरक्षित उतार लेलें।

इंजन के प्रोपेलर के भारी नुकसान

बतावल जा रहल बा कि चिरई के टकरावे से विमान के इंजन के प्रोपेलर (ब्लेड) बुरा तरे से क्षतिग्रस्त हो गइल। तकनीकी टीम विमान के जांच सुरू कs देले बा आ इंजन के मरम्मत के काम जारी बा।

डीजीसीए करी गहन जांच

घटना के बाद उड्डयन नियामक संस्था DGCA सक्रिय हो गइल बा। विमान के पूरा मरम्मत होखला के बाद डीजीसीए के विशेष टीम विमान के गहन जांच आ स्क्रीनिंग करी।

सुरक्षा जांच के बाद मिली उड़ान के अनुमति

डीजीसीए के नियम के अनुसार, एह तरे के घटना के बाद विमान के ‘इंस्पेक्शन ट्रायल’ यानी टेस्ट रन करावल जाला। जब सब सुरक्षा मानक सही पावल जाई आ तकनीकी मंजूरी मिल जाई, तबे विमान के फेर से यात्रियन के संगे उड़ान भरे के अनुमति दी जाई। फिलहाल एयरपोर्ट प्रशासन यात्रियन खातिर वैकल्पिक यात्रा बेवस्था करे में जुटल बा।

Read Also: Bihar News : फायरिंग ममिला में खान सर के बड़ राहत, पटना सिविल कोर्ट गिरफ्तारी पs लगवलस रोक

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]