दिल दहलाए वाला हादसा: कार पs पलट गईल ट्रक ट्रेलर, 6 लोगन के दर्दनाक मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 20, 2025

भारत के अलग-अलग हिस्सा में रोज सड़क दुर्घटना के कुछ दर्दनाक खबर सामने आ रहल बा। अब राजस्थान के बीकानेर शहर से सड़क दुर्घटना के दिल दहला देवे वाला मामला आईल बा। इहाँ एगो ट्रक

Share

सड़क दुर्घटना

भारत के अलग-अलग हिस्सा में रोज सड़क दुर्घटना के कुछ दर्दनाक खबर सामने आ रहल बा। अब राजस्थान के बीकानेर शहर से सड़क दुर्घटना के दिल दहला देवे वाला मामला आईल बा। इहाँ एगो ट्रक के ट्रेलर एगो कार के ऊपर पलट गईल, जवना के चलते गाड़ी में बईठल 6 लोग के दुखद मउत हो गईल।

प्रशासन का बतवलस?

राजस्थान के बीकानेर में एगो ट्रक के ट्रेलर एगो कार पs पलटला से 6 लोग के मउत के संबंध में अनुमंडल अधिकारी कविता गोदारा बयान देले बाड़ी। उs कहली “देशनोक के नजदीक एगो दुर्घटना भईल बा। एs घटना में गाड़ी में सवार 6 लोग के मउत हो गईल बा।”

अबू में भी दुर्घटना भईल रहे

अबे कुछ दिन पहिले राजस्थान के अबू रोड इलाका से भी एगो दुखद दुर्घटना के खबर सोझा आईल रहे।  सबेरे सबेरे भइल एह भयावह सड़क दुर्घटना में कुल 6 लोग के मउत हो गइल।  दुर्घटना में एगो महिला के घाही होखे के खबर भी मिलल।  जानकारी के मुताबिक इs भयावह दुर्घटना तब भईल जब तेज रफ्तार से आवत गाड़ी ट्रॉली से टकरा गईल अवुरी आधा दर्जन लोग के जान चल गईल। गाड़ी में सवार चार लोग के मौका पs जान चल गईल।  एकरा बाद अस्पताल में दु जने के मउत हो गईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.