[the_ad_group id="30365"]

Pritam: संगीतकार प्रीतम का ऑफिस बॉय गिरफ्तार, चोरी की 95 फीसदी रकम बरामद; जानिए पूरा मामला

Pritam: संगीतकार प्रीतम का ऑफिस बॉय गिरफ्तार, चोरी की 95 फीसदी रकम बरामद; जानिए पूरा मामला
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मलाड पुलिस संगीतकार प्रीतम चक्रवर्ती के स्टूडियो से पईसा चुरावे के आरोप में उनकर ऑफिस बॉय आशीष सयाल के गिरफ्तार कs लेले बिया। स्टूडियो में काम करे वाला सयाल कथित तौर पs 4 फरवरी के 40 लाख रुपिया से भरल बैग चुरवलस आ भाग गइल रहे।

चोरी के 95 फीसदी रकम भइल बरामद

रिपोर्ट्स के मोताबिक पुलिस संगीतकार के स्टूडियो से चोरी भइल रकम के 95 फीसदी रकम बरामद कs लेले बिया। पुलिस आरोपी के लगे से 36.91 लाख रुपिया, एगो लैपटॉप आ आईफोन बरामद कइले बिया आ ओकरा के ट्रांजिट रिमांड पs मुंबई ले आवल गइल बा।

पुलिस के गुमराह करे खातिर 10 घंटा चलल पैदल

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक चोरी कइला के बाद आरोपी पुलिस के गुमराह करे खातिर कइयन बेर ऑटो बदलल आ लगभग 10 घंटा पैदल चलल। पुलिस आठ दिन आ रात में करीब 200 सीसीटीवी फुटेज के जांच कइलस आ आखिरकार ओकरा के खोज निकालल। पुलिस के पता चलल कि ऊ जम्मू कश्मीर भाग गइल बा। होटल आ सड़क किनारे लागल सीसीटीवी फुटेज के जांच कs के ऊ ओकरा के जम्मू-कश्मीर के सांबा जिला के सांबा रेलवे स्टेशन इलाका में ट्रेस कइलस। पुलिस स्थानीय निवासियन के इकट्ठा कइलस, ओह लाेगन के अपराध के बारे में बतवलस आ स्थानीय पुलिस के मदद से मनोहर गोपाला गांव में सयाल के ट्रैक कइलस, जहां से ओकरा के गिरफ्तार कs लिहल गइल। ओकरा घर पs छापेमारी में पता चलल कि ऊ चोरी के पईसन से एगो आईफोन किनले रहे।

का बा पूरा घटना?

ई घटना 4 फरवरी के दुपहरिया लगभग 2 बजे घटल रहे। ओह समय एगो प्रोडक्शन हाउस के कर्मचारी प्रीतम चक्रवर्ती के संगीत स्टूडियो, यूनिमस रिकॉर्ड प्राइवेट लिमिटेड, गोरेगांव पहुंचल। ऊ प्रीतम के मैनेजर के एगो बैग में 40 लाख रुपिया नकद देलस। ओह समय उहां आशीष सयाल, अहमद खान आ कमल दिशा मवजूद रहे लें। मैनेजर पईसा के एगो ट्रॉली बैग में रखलें आ फेर कुछ दस्तावेजन पs प्रीतम से साइन करावे खातिर उनका घरे गइलें, जवन ओहि इमारत में इस्थित बा। जब प्रीतम के मैनेजर वापस लवटलें तs देखलें कि बैग गायब रहे। जब ऊ आशीष से संपर्क कइलें तs ऊ कवनो जवाब ना देलस। बाद में ओकर फोन बंद हो गइल। शक होखला पs ऊ पुलिस में शिकायत दर्ज करवलस, जवना के बाद आरोपी के पकड़े खातिर एगो टीम गठित कइल गइल।

Read Also: महाकुंभ में स्नान खातीर आज आ काल रह सकेला भारी भीड़, योगी आदित्यनाथ भी पहुंचले संगम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]