[the_ad_group id="30365"]

Indian Railway News: गोरखपुर से दिल्ली-बिहार खातिर Amrit Bharat, जानीं किराया आ खास सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। गैर-वातानुकूलित श्रेणी के प्रीमियम ट्रेन अमृत भारत उत्तर प्रदेश, दिल्ली आ बिहार के कनेक्टिविटी के आउर बेहतर बनाई। उन्नत सुविधन से युक्त अमृत भारत ट्रेन से बिहारे ना गोरखपुर से दिल्ली आ लखनऊ तक के राह आसान होई।

15567 नंबर के बापूधाम मोतिहारी-आनंदविहार अमृत भारत ट्रेन में गोरखपुर से जनरल के यात्री 265 रुपिया आ स्लीपर के यात्री 465 रुपिया किराया देके दिल्ली पहुंच जाई लो। एह ट्रेन में सामान्य द्वितीय श्रेणी के 11 आ शयनयान श्रेणी के आठ कोच समेत पेंट्रीकार लागी। 15561 नंबर के दरभंगा-गोमतीनगर अमृत भारत ट्रेन में गोरखपुर से अयोध्या के खातिर जनरल के 80 आ स्लीपर के 165 रुपिय किराया लागी।

गोरखपुर से लखनऊ (गोमतीनगर) खातिर जनरल के 125 आ स्लीपर के 235 रुपिया किराया देवे के होई। एह ट्रेन में शयनयान श्रेणी के 12 आ सामान्य द्वितीय श्रेणी के आठ कोच लगावल जाई। बेहतर सुविधा के बादो अमृत भारत के किराया सामान्य एक्सप्रेस ट्रेनन के लगभग बराबर बा। आउर ट्रेनन के स्लीपर आ जनरल क्लास से 10 से 15 रुपिया के अंतर होला।

भगवा रंग के आउर ट्रेनन से अलग नया अमृत भारत ट्रेन 110 से जादे 130 किमी प्रति घंटा के गति से चल सकेला। एह ट्रेन के दुनो छोर पs इंजन लागल रही। ई पुश आ पुल तकनीक पऽ चलेला, जेवना से एकर स्पीड आउर एक्सप्रेस आ मेल ट्रेन के तुलना में ढेर होला। अइसन में सफर में समय कम लागेला।

एह ट्रेन में मोबाइल चार्जिंग पोर्ट, आरामदायक सफर खातिर एयर स्प्रिंग बॉडी, रेडियम फ्लोर स्ट्रिप्स, स्वच्छ दिव्यांगजन-अनुकूल प्रसाधन, सेफ्टी खातिर फायर डिटेक्शन, टॉक-बैक यूनिट, आधुनिक प्रकाश व्यवस्था सहित उन्नत यात्री सुविधा उपलब्ध बा। गोरखपुर के रास्ते पहिलही से एगो अमृत भारत ट्रेन चलत बिया। 15557/15558 नंबर के एक जोड़ी अमृत भारत ट्रेन अयोध्या आ गोरखपुर के रास्ते आनंदविहार से दरभंगा के बीच चलत बिया।

15561 नंबर दरभंगा-गोमती नगर अमृत भारत साप्ताहिक एक्सप्रेस 26 जुलाई से हर सनिचर के दरभंगा से दुपहरिया बाद 03:00 बजे रवाना होई। ई ट्रेन सीतामढ़ी, रक्सौल, नरकटियागंज, बगहा आ कप्तानगंज होत गोरखपुर से रात 11:25 बजे छूटी। इहां से चलके बस्ती, मनकापुर आ अयोध्या धाम होत दूसरका दिन सबेरे 05:30 बजे गोमतीनगर पहुंची।
15562 नंबर के गोमती नगर-दरभंगा अमृत भारत साप्ताहिक एक्सप्रेस 27 जुलाई से अतवार के गोमतीनगर से सबेरे 08:15 बजे प्रस्थान करी। ई ट्रेन अयोध्या धाम, मनकापुर, बस्ती होत दुपहरिया बाद 03:03 बजे गोरखपुर से छूटी। ई ट्रेन कप्तानगंज, बगहा, हरिनगर, नरकटियागंज आ जनकपुर रोड होत रात में 12:40 बजे दरभंगा पहुंचीं।

15567 नंबर बापूधाम मोतिहारी-आनन्द विहार टर्मिनल अमृत भारत द्वि साप्ताहिक एक्सप्रेस 29 जुलाई से
हर मंगर आ सुक के बापूधाम मोतिहारी से सबेरे 08:00 बजे प्रस्थान करी। ई ट्रेन बेतिया, नरकटियागंज, कप्तानगंज होत गोरखपुर से दुपहरिया बाद 03:00 बजे छूटी। ईहां से बस्ती, लखनऊ, बरेली, गाजियाबाद के रास्ते दूसरका दिन सबेरे 06:10 बजे आनंद विहार टर्मिनल पहुंची।

15568 नंबर के आनंद विहार टर्मिनल-बापूधाम मोतिहारी अमृत भारत द्वि-साप्ताहिक एक्सप्रेस 30 जुलाई से हर बुध आ सनिचर के आनंद विहार टर्मिनल से दुपहरिया बाद 02:00 बजे प्रस्थान करी। गाजियाबाद, मुरादाबाद, बरेली, लखनऊ होत दूसरका दिन गोरखपुर से सबेरे 4:00 बजे छूटी। ई ट्रेन कप्तानगंज, नरकटियागंज, बेतिया होत 10:40 बजे बापूधाम मोतिहारी पहुंच।

Read Also: Patna Hospital Murder Case: पटना के अस्पताल में हत्या मामले में कार्रवाई, बंगाल के न्यू टाउन से पांच गिरफ्तार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]