[the_ad_group id="30365"]

IndiGo के फ्लाइट में मिलल धमकी भरल चिट्ठी, कुछ अइसन लिखल रहे कि उड़ गइल सबके होश

IndiGo के फ्लाइट में मिलल धमकी भरल चिट्ठी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडिगो एयरलाइंस के गोवा मुंबई फ्लाइट 6ई-5101 के शौचालय में 13 जनवरी के धमकी पत्र मिलल रहे। एकरा बारे में मुंबई हवाई अड्डा थाना में एगो अनजान आदमी के खिलाफ मामला दर्ज भईल बा।  शिकायतकर्ता के मुताबिक चिट्ठी के एक ओर “बम से सावधान” अवुरी दूसरा ओर “बदला” लिखल रहे।

प्राथमिकी के मुताबिक इंडिगो के उड़ान 13 जनवरी के रात 9:39 बजे गोवा के मनोहर अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा से मुंबई खातीर रवाना भईल रहे। फ्लाइट उतरे से करीब 20 मिनट पहिले एगो यात्री हिमांशु खन्ना विमान के शौचालय में पड़ल चिट्ठी के बारे में एयरलाइन के एगो कर्मचारी जानकारी देलस।  एकरा बाद इs जानकारी पायलट अवुरी एयर ट्रैफिक कंट्रोल के दिहल गईल।

इहो पढ़ीं: बिहार के मंत्री के जान से मारे के धमकी, लॉरेंस बिश्नोई के नाव से आइल फोन

जानकारी मिलते ही विमान के लैंडिंग पूरा तरीका से सुरक्षित अवुरी आइसोलेटेड तरीका से हो गईल। विमान उतरला के बाद केंद्रीय औद्योगिक सुरक्षा बल (सीआईएसएफ) के ओर से उड़ान के पूरा तलाशी लिहल गईल, बाकिर विमान के भीतर कवनो संदिग्ध वस्तु ना मिलल।  एकरा बाद एयरलाइंस के सुरक्षा विभाग मुंबई हवाई अड्डा थाना में मामला के सूचना देलस अवुरी एs आधार पs प्राथमिकी दर्ज करावल गईल।


इहो पढ़ीं: दक्षिण कोरिया में हड़कंप, राष्ट्रपति यून सुक येओल गिरफ्तार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]