[the_ad_group id="30365"]

Rahul Gandhi in Surat: सूरत के अदालत में आज सजा के चुनौती दिहेें राहुल गांधी, प्रियंका गांधी रहिहें मवजूद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष राहुल गांधी मानहानि ममिला में मजिस्ट्रेट कोर्ट द्वारा सुनवल गइल दु साल के सजा के खिलाफ सूरत के सत्र अदालत में चुनौती देत सोमार के अपील दायर करिहें। अपील याचिका दायर कइल गइला के दौरान राहुल खुद सत्र अदालत में मवजूद रहिहें। कांग्रेस के वरिष्ठ कानूनी सलाहकारन आ वकीलन के टीम मजिस्ट्रेट अदालत के फैसला के चुनौती देवे वाली याचिका तइयार कs लेले बिया।

कांग्रेस के कइयन गो बड़ नेता के मवजूद रहे के संभावना

पार्टी के कानूनी सलाहकारन के संगही सूरत के कुछ वरिष्ठ वकीलन के टीम राहुल के सजा के चुनौती देवे वाली याचिका सोमार के दुपहरिया बाद सत्र न्यायालय में दायर करी। एह दौरान राहुल गांधी के नैतिक आ राजनीतिक समर्थन देवे के संदेश देवे खातिर कांग्रेस के कइयन गो बड़ नेता के सूरत में मवजूद रहला के संभावना बा।

कांग्रेस राहुल गांधी के सूरत जाये के पुष्टि कs देले बिया। पार्टी सूत्रन के कहनाम बा कि पूर्व कांग्रेस अध्यक्ष दुपहरिया में सूरत पहुंच जइहें। एकरा बाद सत्र अदालत में जाके याचिका दायर करे के कानूनी प्रक्रियन के पूरा करिहें। सत्र अदालत में राहुल के तरफ से याचिका दायर करे खातिर रखल गइल वकील किरीट पानवाला सूरत में मीडिया से कहलें कि पूर्व कांग्रेस अध्यक्ष करीब तीन बजे सत्र अदालत में पहुंचिहें।

ओहिजा पार्टी के सियासी गलियारन में एह कानूनी आ राजनीतिक लड़ाई में कांग्रेस पूरा तरे तरह उनका संगे ठाड़ बिया, एकर संदेश देवे के तइयारी कइल जा रहल बा। एहिके मद्देनजर पार्टी के कइयन गो प्रमुख नेता सूरत के सत्र अदालत में पहुंचके एह दोहरी लड़ाई में राहुल गांधी अकेले नइखन, एकर संदेश दी लो।

राहुल के अदालत दु साल के सजा सुनवलस 

राहुल गांधी के चुनौती याचिका के पार्टी के वरिष्ठ वकील अभिषेक सिंघवी के अगुआई में तइयार कइल गइल बा। संगही एमे सुप्रीम कोर्ट के आपराधिक ममिलन के विशेषज्ञ वरिष्ठ वकील आरएस चीमा से सलाह मशविरा कइल गइल बा। मालूम होखे कि सूरत के मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट एचएच वर्मा के अदालत 23 मार्च के राहुल गांधी के मोदी उपनाम के लेके कर्नाटक के कोलार में 2019 में कइल गइल टिप्पणी के खिलाफ दायर मानहानि के मुकदमा में दोषी ठहरावत दु साल के सजा सुनवले रहे।

गुजरात भाजपा के विधायक पूर्णेश मोदी कोलार के रैली में राहुल गांधी के ललित मोदी, नीरव मोदी आदि भगोड़न के नाम लेत कइल गइल टिप्पणी कि ‘कैसे सभी चोरों का उपनाम मोदी होता है?’ के मोदी समाज खातिर अपमानजक बतावत मानहानि के मुदकमा दायर कइले रहस।

चूंकि एह ममिला में राहुल के दु साल के सजा सुनावल गइल, एकरा वजह से वायनाड से लोकसभा के उनकर सदस्यता रद कs दिहल गइल। कांग्रेस के वरिष्ठ वकीलन के पूरा उमेद बा कि सत्र अदालत से राहुल गांधी के राहत मिल जाई। राहुल के वकील ना खाली सजा पs रोक के अपील करिहें बलुक कानूनी खामियन के गिनावत मानहानि के एह मुकदमा के खारिज करे के मांग करिहें।

राहुल के संगे प्रियंको सूरत जइहें 

मानहानि के ममिला में दोषी ठहरावल गइला के खिलाफ सोमार के सत्र अदालत में अपील खातिर राहुल गांधी के संगे कांग्रेस महासचिव प्रियंका गांधी वाड्रा सूरत जइहें। एह बीच राहुल गांधी अतवार के अपना मां आ कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष सोनिया गांधी से मुलाकात कइलें। राहुलvसोनिया से दिल्ली के एगो होटल में मुलाकात कइलें। दुनो के बातचीत डेढ़ घंटा से जादे समय तक चलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]