[the_ad_group id="30365"]

मानहानि केस में राहुल गांधी के सूरत सेशन कोर्ट से जमानत: सजा रोकला के अपील पs 13 अप्रिल के होई सुनवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आपराधिक मानहानि केस में सूरत के सेशन कोर्ट राहुल गांधी के सोमार के 15 हजार के मुचलका पs 13 अप्रिल तक खातिर जमानत दे देलस। राहुल दु गो अर्जी लगवले रहस। एगो सजा पs रोक (स्टे) खातिर जवन नियमित जमानत खातिर जरूरी बा। दूसरला सजा रद्द करे खातिर। पहिला अर्जी पs 13 अप्रिल के सुनवाई होई आ दूसरका पs 3 मई के। निचला अदालत से उनका दु साल जेल के सजा मिलल बा।

कोर्ट से निकलला के बाद राहुल गांधी ट्विटर पs प्रतिक्रिया देलें।

कोर्ट कहलस कि याचिकाकर्ता के पक्ष जनला बगैर सुनवाई नइखे हो सकत। अइसे में अदालत याचिकाकर्ता आ भाजपा नेता पूर्णेश मोदी के नोटिस जारी कइले बा। उनका 10 अप्रिल तक जवाब देवे के बा। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक अगर सजा पs रोक लगावल जात बा तs राहुल के सांसदी बहाल हो सकत बा।

मानहानि केस में भइल रहे दु साल के सजा

23 मार्च के मानहानि केस में राहुल गांधी के दु साल के सजा सुनावल गइल रहे। सजा के ऐलान होखला के कुछ देर बादे उनका के 30 दिन के जमानत दे दिहल गइल रहे। सजा सुनावल गइला के अगिलके दिन लोकसभा से उनकर सदस्यता रद्द कs दिहल गइल रहे। राहुल केरल के वायनाड से सांसद रहस।

राहुल के दिल्ली से सूरत रवाना होखे से पहिले सोनिया गांधी सबेरे साढ़े 10 बजे उनका से मिले पहुंचली। 1 घंटा बाद राहुल, बहिन प्रियंका के संगेचार्टर्ड फ्लाइट से सूरत निकल गइलें। राजस्थान, छत्तीसगढ़ आ हिमाचल प्रदेश के CM सूरत पहुंचल लो। राजस्थान के CM अशोक गहलोत राहुल के अइला से पहिले प्रेस कॉन्फ्रेंसो कइले। गहलोत कहलें- हमनी के न्याय पालिका पs यकीन बा। इहां हमनी के आपन एकता देखावे आइल बानी सस। हमनी के देस के बचावे खातिर सत्याग्रह कs रहल बानी सs। देस देख रहल बा कि इंदिरा गांधी के पोता, राजीव गांधी के बेटा राहुल गांधी के संगे का हो रहल बा।

रिजिजू कहलें- कोर्ट पs दबाव बनावल जा रहल बा

केंद्रीय कानून मंत्री किरेन रिजिजू कांग्रेस पs निशाना सधले। रिजिजू कहलें- जब रउआ (राहुल गांधी) पs ट्रायल चलल तब रउआ अपील काहे ना कइनी। कोर्ट जब रउआ के दोषी करार दे देलस, एकरा बाद रउआ ई ड्रामा कर रहल बानी। ई कोर्ट पs दबाव बनावे खातिर बा। कांग्रेस पार्टी पूरा के पूरा परिवार के देस से ऊपर मानेले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]