जगन्नाथ मंदिर में टूटल अक्षय दंड, अशुभ संकेत आ महज संयोग, श्रद्धालुअन में चिंता…

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 16, 2025

पुरी के मशहूर जगन्नाथ मंदिर में शुक के दिने एगो अप्रत्याशित घटना घटल जवना से भक्त लोग चिंतित हो गइल. अक्षय दंड (ध्वज स्तंभ) अचानक टूट गईल, जवना के इस्तेमाल श्री जगन्नाथ मंदिर के नीलचक्र पs

Share

जगन्नाथ मंदिर में टूटल अक्षय दंड

पुरी के मशहूर जगन्नाथ मंदिर में शुक के दिने एगो अप्रत्याशित घटना घटल जवना से भक्त लोग चिंतित हो गइल. अक्षय दंड (ध्वज स्तंभ) अचानक टूट गईल, जवना के इस्तेमाल श्री जगन्नाथ मंदिर के नीलचक्र पs पतितपावन बना के ध्वज फहरावे खातीर कईल जाला।

अक्षय दंड का हs?

अक्षय दंड एगो लंबा बांस के खंभा हs, जवना के इस्तेमाल मंदिर के ऊपर झंडा बदले खातिर कईल जाला। ई झंडा चुनारा सेवक लोग रोज बदलत रहेला जवन मंदिर परम्परा के एगो महत्वपूर्ण हिस्सा हs।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर

दुर्घटना कईसे भईल?


अचानक शुक के दुपहरिया में अक्षय दंड टूट के गिर गईल। कुछ श्रद्धालु लोग तुरंत मंदिर प्रशासन के एs घटना के जानकारी देले। हालांकि एs घटना में केहु के घाही नईखे भईल, बाकिर एकरा लेके श्रद्धालु लोग के बीच चिंता के माहौल बा।

भक्तन के प्रतिक्रिया

बहुत श्रद्धालु लोग के मानल ​​बा कि अक्षय दंड टूटल एगो अशुभ संकेत हो सकेला, जबकि मंदिर प्रशासन एकरा के सामान्य घटना बतवले बा। प्रशासन के कहनाम बा कि जल्दिए नया अक्षय दंड के इंतजाम कईल जाई ताकि मंदिर के परंपरा निर्बाध जारी रहे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: वेट लॉस के कुल पैंतरा आजमा चुकल बानी, बाकिर वजन नइखे होत टस से मस? तs ट्राई करीं इs 3 गो योगा

प्रशासन का कहलस?

मंदिर के अधिकारी के मुताबिक प्राकृतिक कारण अइसन हो सकता अवुरी जल्दिए ध्वज स्तंभ बदलल जाई।

धार्मिक महत्व का बा?

पुरी जगन्नाथ मंदिर में झंडा फहरावल शुभ मानल जाला, आ एकरा गिरला के बहुत श्रद्धालु लोग धार्मिक संकेत के रूप में देखेला। हालांकि प्रशासन श्रद्धालु लोग से गोहार लगवले बा कि उs अफवाह के अनदेखी कs मंदिर के परंपरा पs विश्वास कायम राखस।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ 70 के दशक के सुपर हिट हीरो जेकरा के ओवर कॉन्फिडेन्स कs दिहलस करियर बर्बाद

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.