चलत ट्रेन में प्रॉपर्टी डीलर के गोली मारके हत्या: पटना से गया जा रहल पैसेंजर ट्रेन में अपराधी खोजके मरले सs

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 26, 2024

पटना से गया जा रहल चलत ट्रेन में जमीन कारोबारी के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल बा। ट्रेन में भइल फायरिंग के बाद यात्रियन के बीच अफरा-तफरी मच गइल। अपराधी वारदात के अंजाम मंगर

Share

पटना से गया जा रहल चलत ट्रेन में जमीन कारोबारी के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल बा। ट्रेन में भइल फायरिंग के बाद यात्रियन के बीच अफरा-तफरी मच गइल।

अपराधी वारदात के अंजाम मंगर के रात साढ़े 10 बजे पटना-गया रेलखंड पs पोठाही आ नदवां स्टेशन के बीच नीमा हॉल्ट पs देले सs।

मर्डर के घटना के अंजाम देवा के बदमाश नीमा स्टेशन पs उतरकर आराम से भाग निकललें। मृतक के पहचान जगदीश सिंह ऊर्फ भोला शर्मा के रूप में भइल बा। भोला शर्मा पटना के मसौढ़ी थाना इलाका के दहिभत्ता गांव के रहे वाला रहे रहस।

पटना से घरे जात रहलें भोला शर्मा

जानकारी के मोताबिक भोला शर्मा कवनो काम से मंगर के पटना आइल रहस। ऊ काम निपटाके मेमू पैसेंजर ट्रेन से अपना घरे मसौढ़ी लवटत रहलें।

पोठही स्टेशन पs अपराधी ओहि ट्रेन में चढ़लें सs आ भोला शर्मा के खोजे लगलें सs। नीमा हॉल्ट के पास अपराधी भोला सिंह के ट्रेन में खोज लेले सs आ गोली मारके हत्या कs देलें सs।

11 जून के हो चुकल रहे हमला

जानकारी के मोताबिक भोला शर्मा जमीन के कारोबार करत रहस। 11 जून के बदमाश लोग तीन राउंड फायरिंग कइले रहलें सs।

गोलीबारी में एगो गोली हाथ में लागल रहे। बतावल जात बा कि प्रोपर्टी के लेके उनकर कुछ लोगन से अदावत चलत रहे। दु हफ्ता पहिले भोला शर्मा आपन बड़ भाई चंद्रभूषण शर्मा पs जमीन विवाद में फायरिंग करवावे के आरोप लगावत हुए मसौढ़ी थाना में प्राथमिकी दर्ज करवले रहस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.