गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी विभाग के प्रो० प्रत्युष दुबे बनलें साहित्य अकादमी के सदस्य

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 7, 2023

गोरखपुर: गोरखपुर विश्वविद्यालय (Deen Dayal Upadhyay Gorakhpur University) के हिंदी विभाग के वरिष्ठ आचार्य प्रो० प्रत्युष दुबे (Pro. Pratyush Dubey) साहित्य अकादमी, नई दिल्ली (Sahitya Akademi) के सदस्य बनावल गइल बा। उनकर कार्यकाल 1 जनवरी से

Share

गोरखपुर: गोरखपुर विश्वविद्यालय (Deen Dayal Upadhyay Gorakhpur University) के हिंदी विभाग के वरिष्ठ आचार्य प्रो० प्रत्युष दुबे (Pro. Pratyush Dubey) साहित्य अकादमी, नई दिल्ली (Sahitya Akademi) के सदस्य बनावल गइल बा। उनकर कार्यकाल 1 जनवरी से सुरू होके पांच बरिस खातिर होई। एकरा से संबंधित पत्र साहित्य अकादमी के तरफ से जारी कs दिहल गइल बा। एकरा संगे-संगे प्रो० दुबे के साहित्य अकादमी के 11 मार्च के होखे वाला महापरिषद के पहिला बैठक खातिर आमंत्रित कइल गइल बा।

राजा महेंद्र प्रताप सिंह विश्विद्यालय के तरफ से प्रस्तावित रहे नाम

बता दीं की राजा महेंद्र प्रताप सिंह विश्विद्यालय के तरफ प्रो० प्रत्युष दुबे के नाम नाम साहित्य अकादमी के सदस्य खातिर प्रस्तावित कइल गइल रहे। एमे एगो राज्य से कवनो विश्वविद्यालय के एके गो शिक्षक के चयन के प्रावधान बा। प्रो० प्रत्युष दुबे के अभी ले 11 को किताब प्रकाशित हो चुकल बा। उनका गृह विश्वविद्यालय स्तरीय सम्मान स्वरूप एक लाख रुपिया के पुरस्कार मिलल रहे।

साहित्य अकादमी के सदस्य बनला पs प्रो० विश्वनाथ प्रसाद तिवारी, प्रो० रामदेव शुक्ल, प्रो० चितरंजन मिश्र, प्रो० अनंत मिश्र, प्रो० सदानंद, प्रो० हर्ष सिन्हा, प्रो० अनिल राय, प्रो० दीपक त्यागी, प्रो० कमलेश गुप्त, डॉ० अखिल मिश्र, डॉ० राजेश मल्ल, डॉ० रजनीश चतुर्वेदी सहित तमाम लोग बधाई दिहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.