[the_ad_group id="30365"]

Pro Kabaddi League: सेमीफाइनल आज, जानीं कब आ कहाँ देखे के मिली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खबर भोजपुरी खेल डेस्क-  प्रो कबड्डी लीग (PRO KABADDI LEAGUE) के अठवां संसकरण अब अपना आखिरी पड़ाव पs आ चुकल बा। आज बुध के दुनों सेमीफाइनल मैच के बाद 25 के फाइनल खेलल जाई। पहिला सेमीफानल मैच पटना पाइरेट्स बनाम यूपी योद्धा के बीचे खेलल जाई। जबकि दोसरका सेमीफाइनल में दबंग दिल्ली के सोझा बेंगलुरु बुल्स के चुनौती बा।

 

पटना आ दिल्ली पॉइंट टेबल में टॉप 2 में रह के सीधा सेमीफाइनल में पहुंचल बा-

पटना पाइरेट्स आ दिल्ली दबंग जहां टॉप 2 में रह के सीधा सेमीफाइनल के टिकट कटवले बा ओहिजा यूपी योद्धा आ बेंगलुरु बुल्स एलिमिनेटर में पुणेरी पलटन आ गुजरात जायंट्स के हरा के सेमीफाइनल में पहुंचल बा।

एलिमिनेटर में यूपी पुणेरी पलटन के 43-21 आ बेंगलुरु बुल्स गुजरात जायंट्स के 49-29 से हरा के पटना पाइरेट्स आ दिल्ली दबंग से भिड़े के टिकट कटवले  बा। पटना 22 मैच में 16 जीत आ एगो टाई कs के 86 अंक के संगे टॉप पs रहल रहे, जबकि दिल्ली 22 मैच में 75 अंक के संगे दूसरा अस्थान पs रहल रहे।

 

पटना V/S यूपी के मैच 7:30 बजे से आ दिल्ली V/S बंगलोर के मैच 8:30 बजे होई सुरू 

PKL 8 के मुकाबलण के सीधा प्रसारण के अधिकार स्टार स्पोर्ट्स के लगे बा, लाइव स्ट्रीमिंग डिजनी+ हॉटस्टार ऐप आ वेबसाइट पs दर्शक लोग देख सकेला।

पटना पाइरेट्स: मोनू, मोहित, राजवीरसिंह प्रताप राव चव्हाण, जंगकुन ली, प्रशांत कुमार राय सचिन, गुमान सिंह, मोनू गोयत, नीरज कुमार, सुनील, सौरव गुलिया, संदीप, शुभम शिंदे, साहिल मान, मोहम्मदरेजा शादलौई चियानेह, साजिन चंद्रशेखर।

यूपी योद्धा: सुरेंद्र गिल, प्रदीप नरवाल, मोहम्मद मसूद करीम, मोहम्मद तघी पेन महली, श्रीकांत जाधव, साहिल, गुलवीर सिंह, अंकित, गौरव कुमार, आशीष नगर, नितेश कुमार, सुमित, आशु सिंह, नितिन पंवार, गुरदीप।

दबंग दिल्ली: नवीन कुमार, नीरज नरवाल, इमाद सेडाघट निया, अजय ठाकुर, सुशांत सेल, मोहित, सुमित, मोहम्मद मलक, जोगिंदर सिंह नरवाल, जीवा कुमार, विकास, विजय, बलराम, संदीप नरवाल, मंजीत छिल्लर।

बेंगलुरु बुल्स: पवन कुमार सेहरावत, बंटी, डोंग जियोन ली, अबोलफजल मघसोदलौ महली, चंद्रन रंजीत, जीबी मोरे, दीपक नरवाल, अमित श्योरण, सौरभ नंदल, मोहित सेहरावत, जियाउर रहमान, महेंद्र सिंह, मयूर जगन्नाथ कदम, विकास, अंकित।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]