[the_ad_group id="30365"]

प्रियंका गांधी लोकसभा के सदस्यता के लिहली शपथ, संसद में हो गइल गांधी-नेहरू परिवार के तीन गो सदस्य

प्रियंका गांधी ने लोकसभा के सदस्यता के लिहली शपथ
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कांग्रेस पार्टी के महासचिव प्रियंका गांधी केरल के वायनाड लोकसभा सीट पs जीत हासिल कइले बाड़ी. राहुल गांधी एहसे पहिले एह सीट पs सांसद रहले बाकिर रायबरेली सीट से भी चुनाव जीतला के बाद उनुका वायनाड सीट खाली करे के पड़ल. एह कड़ी में कांग्रेस पार्टी वायनाड सीट पs भइल उपचुनाव में प्रियंका गाँधी के आपन उम्मीदवार बनवलस. एह सीट पs प्रियंका गांधी जीत गइल बाड़ी. बियफ़ें के प्रियंका गांधी लोकसभा के सदस्यता के शपथ लेले रहली। प्रियंका गांधी हिन्दी भाषा में शपथ लिहली आ एह दौरान उनुका हाथ में संविधान के प्रतिलिपि रहे। बता दीं कि बियफ़ें के महाराष्ट्र के नंदद से लोकसभा सदस्य चुनल गईल कांग्रेस नेता रवींद्र बसंतराव चव्हाण भी सदन के सदस्यता के शपथ लेले।

संसद में गांधी परिवार के तीन गो सदस्य

रवींद्र बसंतराव चव्हाण मराठी भाषा में संसद के सदस्यता के शपथ लेले। शपथ लेला के बाद प्रियंका गांधी लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला के हाथ जोड़ के अभिवादन कईली। आगे के कतार में बईठल विपक्षी नेता के हाथ जोड़ के अभिवादन कईली अवुरी सदन में विपक्ष के नेता अवुरी उनुकर भाई राहुल गांधी प्रियंका गांधी के अभिवादन के हाथ जोड़ के स्वीकार कईले। बता दीं कि गांधी परिवार के तीन सदस्य संसद में पहिला बेर बाड़े। असल में राहुल गांधी आ प्रियंका गांधी लोकसभा के सदस्य हउवें. जबकि सोनिया गांधी राज्यसभा के सांसद बाड़ी.

बता दीं कि लोकसभा चुनाव 2024 के दौरान राहुल गांधी दु सीट पs चुनाव लड़ले रहले। उs रायबरेली अवुरी वायनाड दुनो सीट जीतले रहले। एकरा बाद उनुका एगो सीट चुने के पड़ल। अयीसना में राहुल गांधी रायबरेली लोकसभा सीट चुनले। एकरा बाद कांग्रेस प्रियंका गांधी के वायनाड सीट पs उतरली। एह दौरान प्रियंका गांधी वायनाड लोकसभा उपचुनाव में चार लाख से अधिका वोट के अंतर से जीत हासिल कइले रहली. उs पहिला बेर कवनो सदन के सदस्य बनल बाड़ी। 2019 के लोकसभा चुनाव से पहिले उs सक्रिय राजनीति में उतरली अवुरी तब से पार्टी के महासचिव के रूप में काम करत बाड़ी।

इहो पढ़ी:फटाक से बनाइ राजस्थानी लहसुन के चटपटा चटनी, सर्दी में खइले से बूस्ट होई इम्यूनिटी

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]