[the_ad_group id="30365"]

फटाक से बनाइ राजस्थानी लहसुन के चटपटा चटनी, सर्दी में खइले से बूस्ट होई इम्यूनिटी

राजस्थानी लहसुन के चटपटा चटनी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारत में अलग-अलग प्रकार के चटनी बहुत उत्साह से खाइल जाला। कुछ लोग के बिना चटनी के खाना अधूरा लागेला। अगर रउवा अबे ले राजस्थानी लहसुन के चटनी के ट्राई नईखी कईली, तs रउवा इs रेसिपी जरूर ट्राई करे के चाही। एह चटनी के तीख आ मसालेदार स्वाद रउरा बहुते नीक लागी. पराठा से लेके दाल-चावल ले कवनो भी पकवान के संगे लहसुन के चटनी परोस सकेनी।

लहसुन के चटनी बनाए के विधि

सबसे पहिले 2 गो साबुत लहसुन के अलग कs के छील के ओकरा बाद एगो ओखली में डाल के बढ़िया से पीस लीं।चटनी के तीख आ मसालेदार बनावे खातिर अब ओखली में एक चम्मच नमक, एक चम्मच कश्मीरी लाल मिर्च पाउडर आ एक चम्मच धनिया पाउडर डाल के सब कुछ पीस के राख ली. कड़ाही में 2 चम्मच घी भा तेल गरम कs के आधा चम्मच जीरा डाल के जीरा के हल्का सुनहरा होखे ले भूनी।

इहो पढ़ी:सबेरे-सबेरे: पेट के प्रॉब्लम्स करीं दूर इs तीन गो योगासन , सामिल करीं रोजमर्रा के जिंदगी में

एकरा बाद लहसुन आ मसाला के पीसल मिश्रण के पैन में डाल दीं। एह मिश्रण के कम लौ पs तब ले भूजी जब ले कि लहसुन के कच्चा गंध ना खतम हो जाव। सब कुछ बढ़िया से मिला के लगभग 5 मिनट ले पकाईं। जरूरत पड़ला पs एह मिश्रण में कुछ पानी भी डाल सकेनी।एकरा बाद गैस बंद कs के लहसुन के चटनी में ताजा धनिया आ नींबू के रस डाल दीं। ए दुनो चीज़ के चलते एs चटनी के स्वाद कई गुना बढ़ जाई.

राजस्थानी लहसुन के चटनी के स्वाद लईका से लेके बड़ आदमी ले सबके पसंद आई। रउरा सभे के जानकारी खातिर बता दीं कि रउरा एह चटनी के 3 से 4 दिन ले स्टोर कs सकेनी।

इहो पढ़ी:फोन से तुरंत डिलीट कs दी इs 15 फर्जी ऐप्स नाहीं तs बैंक अकाउंट हो जाई खाली

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]