Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आ गईल प्राइवेसी वाला पहिला स्मार्टफोन murena one: , सुरक्षा खाती गूगल के ऐप अवुरी सेवा एकरा में नईखे

2,239

अगर आप एगो नाया अवुरी अनोखा स्मार्टफोन के तलाश में बानी त murena one फोन लॉन्च हो गईल बा। कंपनी के दावा बा कि इ एगो प्राइवेसी-फर्स्ट स्मार्टफोन ह जवन कि एंड्रॉयड प आधारित बा, जवना में गूगल के शामिल नईखे। नयका स्मार्टफोन के बेसिक स्पेसिफिकेशन में आईपीएस फुल-एचडी+ डिस्प्ले, ट्रिपल रियर कैमरा अवरू ऑक्टा-कोर मीडियाटेक चिपसेट शामिल बा। हालांकि, एकर सॉफ्टवेयर उहे बा जवन कि बाजार में फोन के एगो अलग विकल्प बनावेला। इ फोन /e/OS नाम के एगो ऑपरेटिंग सिस्टम प चलेला जवना के “डीगूगल” एंड्रॉयड के नाम से भी जानल जाला। कंपनी के दावा बा कि इ फोन अधिकांश एंड्रॉयड ऐप के आउट ऑफ द बॉक्स के सपोर्ट करेला।

केतना बा murena one फोन के कीमत

ए फोन के कीमत अमेरिका में 369 डॉलर (करीब 28,600 रुपया) चाहे यूरोप में 349 यूरो (करीब 28,900 रुपया) राखल गईल बा। इ फोन जून में अमेरिका, ब्रिटेन, कनाडा, यूरोप अवरू स्विट्जरलैंड में बिक्री खातिर शुरू हो जाई। कंपनी के कहनाम बा कि कंपनी के आधिकारिक वेबसाइट के माध्यम से एकरा के खरीदे खाती उपलब्ध करावल जाई।

फोन में गूगल ऐप/सेवा नईखे

इ फोन एंड्रॉयड ओपन सोर्स प्रोजेक्ट (AOSP) के आधार प /e/OS V1 प चलेला। एहमें गूगल के ऐप भा सेवा शामिल नइखे जवना से बेहतर गोपनीयता के अनुभव मिल सके. हालांकि, ए फोन में एगो ऐप लाउंज बा, जहां से यूजर नाया एंड्रॉयड ऐप डाउनलोड क के इंस्टॉल क सकतारे। ऐप स्टोर एगो प्राइवेसी स्कोर के रखरखाव करेला जवना से एप्प के 0-10 के बीच रेटिंग दिहल जा सकता, जवना के आधार प उ लोग निजी डेटा कईसे एकट्ठा करेले।

265020cookie-checkआ गईल प्राइवेसी वाला पहिला स्मार्टफोन murena one: , सुरक्षा खाती गूगल के ऐप अवुरी सेवा एकरा में नईखे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.