Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PM Modi With Putin: पुतिन से मिलले पीएम मोदी, PM यूक्रेन से छात्रन के रेस्क्यू में मदद खातिर शुक्रिया कहले

रूसी राष्ट्रपति पुतिन पीएम मोदी के संगे द्विपक्षीय बैठक के दौरान कहले कि हम यूक्रेन में संघर्ष प राउर स्थिति आ राउर चिंता के बारे में जानत बानी। हमनियो के चाहत बानी सs कि ई सब जल्दी से जल्दी खतम होखे। हमनी रउआ के उहां का हो रहल बा, एकर जानकारी देत रहेम सs।

314

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन उज्बेकिस्तान के समरकंद में एससीओ शिखर सम्मेलन के अलावे द्विपक्षीय वार्ता कइल लो। एह दौरान दुनो नेता के बीचे अलग-अलग वैश्विक मुद्दन प बातचीत भइल। पुतिन पीएम मोदी के रूस आवे के न्यौतो देले।

रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन के साथे द्विपक्षीय बैठक में PM मोदी कहले कि आजो दुनिया के सोझा जवन सबसे बड़ समस्या बाड़ी सs, खास कs के विकासशील देशन के खातिर फूड सिक्योरिटी, फ्यूल सिक्योरिटी, उर्वरकन के जवन समस्या बा, ओह पs हमनी के रास्ता निकाले के होई। रउओ ओह पs पहल करे के होई।

पीएम मोदी कहले कि हम राउर आ यूक्रेन के आभार व्यक्त कइल चाहेम कि संकट के काल में शुरू में जब हमनी के हजारन छात्र यूक्रेन में फंसल रहे लो। राउर आ यूक्रेन के मदद से हमनी के छात्रन के निकाल सकनी सs। ऊ कहले कि आज के जुग युद्ध के नइखे। हम फोन प रउआ से कइयन बार एह बारे में बातो कइले बानी कि लोकतंत्र कूटनीति आ संवाद दुनिया के एगो स्पर्श करेले।

पीएम मोदी कहले कि हमनी के पिछला कइयन गो दशकन से हर पल एक दूसरा के साथे रहल बानी। लगातार दुनो देश एह क्षेत्र के भलाई खातिर काम कर रहल बा। आज SCO समिट में रउआ भारत खातिर जवन भावना व्यक्त कइले बानी ओकरा ला हम राउर आभारी बानी।

हमनी के यात्रा 2001 से जारी: पीएम

पीएम मोदी कहले कि हमनी के यात्रा 2001 से जारी बा। 22 साल में हमनी के रिश्ता बहुते मजबूत भइल बा आ ई आउर मजबूत होत जा रहल बा। समूचा दुनिया हमनी के अटूट रिश्ता से वाकिफ बानी। हमनी के मिलके काम करे के होई।

यूक्रेन संकट पs का बोलले पुतिन

रूसी राष्ट्रपति पुतिन पीएम मोदी के संगे द्विपक्षीय बैठक के दौरान कहले कि हम यूक्रेन में संघर्ष प राउर स्थिति आ राउर चिंता के बारे में जानत बानी। हमनियो के चाहत बानी सs कि ई सब जल्दी से जल्दी खतम होखे। हमनी रउआ के उहां का हो रहल बा, एकर जानकारी देत रहेम सs।

पीएम मोदी के जन्मदिन के कइले जिकिर

पुतिन पीएम मोदी से कहले कि काल्ह राउर जन्मदिन बा। हमनी के रूसी संस्कृति में अग्रिम बधाई ना दिहल जाला, बाकिर हम रउआ के बतावल चाहेम कि हमरा राउर जन्मदिन के बारे में पता बा। हम रउआ के शुभकामना देत बानी। एह दौरान दुनो नेता खिलखिलाके हंसत नजर आइल लो।

साभार: अमर उजाला

332260cookie-checkPM Modi With Putin: पुतिन से मिलले पीएम मोदी, PM यूक्रेन से छात्रन के रेस्क्यू में मदद खातिर शुक्रिया कहले

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.