कोटा में NEET के तइयारी क रहल नाबालिग छात्रा प्रेग्नेंट, अस्पताल में लईकी के दिहलस जनम

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 1, 2023

  कोटा शहर में नीट के तैयारी करत नाबालिग छात्रा के एगो लईकी के जनम देले बाड़ी। लईकी के परिवार के लोग दरद के चलते अस्पताल में भर्ती करवले।हालांकि ए मामला में अबे ले पुलिस

Share

 

कोटा शहर में नीट के तैयारी करत नाबालिग छात्रा के एगो लईकी के जनम देले बाड़ी। लईकी के परिवार के लोग दरद के चलते अस्पताल में भर्ती करवले।हालांकि ए मामला में अबे ले पुलिस के कवनो शिकायत नईखे दर्ज करावल गईल।

शहर में नीट के तैयारी करत नाबालिग कोचिंग छात्रा के गर्भधारण के मामला सोझा आईल बा। छात्रा जेके लोन अस्पताल में एगो बच्ची के जनम देले बिया। डॉक्टर के मुताबिक फिलहाल महतारी अवुरी बच्चा दुनो स्वस्थ बाड़े। एकरा संगे अस्पताल प्रशासन के जानकारी पे बाल कल्याण समिति के टीम भी अस्पताल पहुंचल अवुरी डॉक्टर से मामला के जानकारी लेलस। बाल कल्याण समिति के अध्यक्ष कनीज फातिमा बतवली कि पहिले परिवार के लोग बच्चा के राखल चाहत रहले। अब उ लोग बच्चा के बाल कल्याण समिति के सौंप देवे के फैसला कईले बाड़े। फिलहाल ए मामला में परिजन के ओर से पुलिस के कवनो शिकायत नईखे दिहल गईल।

जानकारी के मुताबिक नाबालिग बालिका छात्रा के उम्र 16 साल बा। उ एमपी के निवासी हई अवुरी नीट के तैयारी खातीर 2 महीना पहिले कोटा आईल रहली। फिलहाल छात्रा कुन्हाड़ी इलाका में रहतारी। अयीसना में छात्रा के संगे उनुकर परिवार के लोग भी कोटा में मौजूद रहले। पेट दरद के शिकायत पे लईकी के परिवार ओकरा के अस्पताल ले गईल रहे। जांच में उनुका साढ़े 8 महीना के गर्भ के जानकारी सोझा आईल। जेकरा बाद उनुका के जेके लोन अस्पताल में भर्ती करावल गईल। उहाँ छात्रा के लेबर रूम में शिफ्ट क दिहल गईल। जहाँ उ बच्चा के जनम देली। नाबालिग के परिजन ए मामला में कुछ कहे खातीर तैयार नईखन। नाबालिग के गर्भवती होखे के जानकारी पे बाल कल्याण समिति के टीम काउंसलर के संगे अस्पताल पहुंचल। लेकिन रिश्तेदार जानकारी देवे से इनकार क देले।

सीडब्ल्यूसी बच्चा के जिम्मेदारी संभाली

जेके लोन अस्पताल के स्त्री रोग विशेषज्ञ डॉ. भारती सक्सेना बतवली कि सोमवार के बालिका छात्रा के अस्पताल में भर्ती करावल गईल। जहाँ उनुकर प्रसव सामान्य रहे। एकरा संगे पहिले रिश्तेदार नवजात बच्चा के राखे के इच्छा जतवले रहले, लेकिन आजु जब डॉक्टर के टीम राउंड कईलस त रिश्तेदार बच्चा के राखे से मना क देले। जवना पे जानकारी बाल कल्याण समिति के दिहल गइल बा। संगही बाल कल्याण समिति कागजी काम के बाद बच्चा के अपना संरक्षण में ले लेले बिया।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.