[the_ad_group id="30365"]

प्रशांत किशोर के नाया पारी: PK आपन पार्टी बनइहे, बोलले- जनता के बीचे जाये के वक्त आ गइल; सुरुआत बिहार से

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पहिले भाजपा, फेर कांग्रेस आ फेर JDU समेत अलग-अलग राजनीतिक पार्टियन के चुनावी रणनीतिकार रह चुकल प्रशांत किशोर अब दोसरा केहु खातिर रणनीति बनइहे। PK अब अपना पार्टी ला स्ट्रैटजी तइयार करिहे। PK एह तरफ इशारा कs देले बाड़े। ऊ सोमार के ट्वीट कs के कहले कि जनता के बीचे जाये के समे आ गइल बा। एकर सुरुआत बिहार से होई।

जल्दिये एक संगे पूरा देश में पार्टी लॉन्च करिहे

PK के नाया पार्टी कब लॉन्च होई, अभी एकर खुलासा नइखे भइल। बाकिर प्रशांत किशोर जल्दिये एक संगे समूचा देश में पार्टी लॉन्च करिहे। खास बात ई बा कि PK अभी पटना में बाड़े। अइसे में मानल जा रहल बा कि ऊ अपना ला इहे रणनीति तइयार कs रहल बाड़े।

प्रशांत किशोर के ट्वीट बा, ऊ बिहार से सियासत के नाया पारी सुरू करे के बात कहले हs।

PK ने जनता को असली मालिक बताया

प्रशांत किशोर ट्वीट में कहले, “लोकतंत्र में प्रभावशाली योगदान दवे के उनकर भूख आ लोगन खातिर काम के नीति तइयार करे में मदद करे ला सफर काफी उतार-चढ़ाव वाला रहल बा। आज जब ऊ पाना पलटत बाड़े तs लागत बा कि समे आ गइल बा कि असली मालिकन के बीचे जाई। माने लोगन के बीचे ओह लो के समस्या के बेहतर तरीका से समझ सकस आ ‘जन सुराज’ के पथ पs अग्रसर हो सकस।”

तकनीक के इस्तेमाल करी PK के पार्टी

कांग्रेस में बात ना बनला के बाद प्रशांत किशोर, माने PK राष्ट्रीय आ क्षेत्रीय स्तर पs राजनीति में बड़ धमाल करे के तइयारी में बाड़े। सूत्रन के मोताबिक, प्रशांत किशोर के पार्टी सब तरे आधुनिक होई , डिजिटल होई आ जनसंपर्क करे ला नाया उन्नत तकनीक के संगे लॉंच होई। पार्टी के नाव का होई, एकरा के लेके अब ले कवनो बात नइखे भइल। बाकिर एक दु साल में आपन पॉलिटिकल पार्टी लॉन्च करिहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]