[the_ad_group id="30365"]

छपरा: आज 3 घंटे गुल रही बिजली : 10 बजे से पहिले निपटा लीं जरूरी काम, लोगन के होई परेसानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के प्रभुनाथ नगर फीडर में तीन घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। ई पावर कट सबेरे 10 बजे से लेके दुपहरिया एक बजे तक कइल जाई। प्रभुनाथ नगर पावर सब स्टेशन 33 केवीए में मेंटेनेंस के चलते पावर कट के ई निर्णय लिहल गइल बा।

बढ़त लोड के बीच पावर सप्लाई में ट्रिप होखे के समस्या पेश आ रहल बा। एकरा खातिर विद्युत विभाग के ओर से निर्णय लेके प्रभुनाथ नगर पावर प्लांट में पावर कट कs के तारन के को बदलल आ ट्रांसफार्मर के मेंटेनेंस कइल जाये के बा।

पावर कट के बारे में जानकारी देत कार्यपालक अभियंता बतवलें कि विद्युत तार पs भारी दबाव पड़ रहल बा। जवना  से बिजली ट्रिप होखे के समस्या हो रहल बा। उपभोक्तन कावर से अलग-अलग इलेक्ट्रिक उपकरण के उपयोग कइल गइला से बिजली के उपभोग जादे हो रहल बा। जवना के धेयान में रखत सब तारन के मरम्मत कइल गइल आ पावर सप्लाई बढ़ावल गइल अनिवार्य बा। जवना के लेके के सबेर 10:00 बजे से दुपहरिया 1:00 बजे तक कुछ क्षेत्रन में पावर सप्लाई बंद कs के तार आ आउर उपकरण के मरम्मत कइल जाई। जवना से भविष्य में कवनो बिजली संबंधित परेशानी ना खड़ा होखे। दोबारा 1:00 बजे के बाद बिजली सुचारू रूप से चालू कs दिहल जाई। एह बीच सब उपभोक्तन के बिजली संबंधित काम निपटा लेवे के निरदेस दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]