Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

4 घंटा तक बिजली आपूर्ति रही बाधित: विंटर मेंटनेस के लेके विभाग लेलस निर्णय, लोगन से जरूरी काम निपटावे के अपील

367

छपरा के मशरख चैनपुर फीडर में चार घंटन के पावर कट कइल जाये के बा। ई पावर कट सबेरे 10:00 बजे से लेके दुपहरिया 2:00 बजे तक कइल जाई। चैनपुर पावर सबस्टेशन 33 केवीए में विंटर मेंटेनेंस के दौरान कइयन तरे के रिपेयरिंग के काम कइल जाये के बा। बढ़ते ठंड के बीच पावर ट्रिप के समस्या समाधान के लेके पावर कट कइल गइल बा।

एकरा खातिर विद्युत विभाग कावर से निर्णय लेके 33kva पावर प्लांट में पावर कट कs के तमाम तरे के मेंटेनेंस कइल  जाये के बा। एह दौरान छपरा के मशरख आ इसुआपुर क्षेत्र के कुछ हिस्सन में बिजली गुल रही। बढ़त लोड आ ठंड के बीच पावर हाउस के वायर शिफ्टिंग कइल जाये के बा।

सबेरे 10 से दुपहरिया 2 बजे तक बंद रही सप्लाई

पावर कट के बारे में जानकारी देत विद्युत कनीय अभियंता अभिषेक कुमार बतवलें कि ठंड के मौसम के चलते बिजली सप्लाई पs भारी दबाव पड़ रहल बा। उपभोक्तन कावर  से अलग-अलग इलेक्ट्रिक उपकरण के उपयोग कइल गइला से बिजली के उपभोग जादे हो रहल बा। जवना के धेयान में रखत सब तरे के मरम्मत कइल गइल अनिवार्य बा।

जवना के आलोक में मंगर के सबेरे 10:00 बजे से दुपहरिया 2:00 बजे तक पावर सप्लाई बंद कs के सब तारन के मरम्मत आ पावर हाउस में मेन वायर शिफ्टिंग कइल जाई। जवना से भविष्य में कवनो बिजली संबंधित परेसानी ना खड़ा होखे। दोबारा 2:00 बजे के बाद बिजली सुचारु रूप से चालू कs दिहल जाई।

एह बीच सब उपभोक्तन के बिजली संबंधित कामन के संपादित कs लेवे खातिर निरदेस दिहल गइल बा। मरम्मती के काम के लेके मशरख चैनपुर फीडर से संबंधित सब पावर स्टेशन के पावर सप्लाई बाधित रही। पावर कट के दौरान उपभोक्तन के कवनो समस्या ना होखे। एकरा खातिर विद्युत संबंधित काम निपटा लेवे के सलाह कार्यपालक अभियंता कावर से दिहल गइल बा।

729100cookie-check4 घंटा तक बिजली आपूर्ति रही बाधित: विंटर मेंटनेस के लेके विभाग लेलस निर्णय, लोगन से जरूरी काम निपटावे के अपील

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.