छपरा के दुगो फीडर में सबेरे 10 बजे से 1 बजे तक पावर कट: छपरा के साढ़ा आ बाजार समिति फीडर में होई काम

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 18, 2024

छपरा के शहरी क्षेत्र में आज तीन घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। एह दौरान साढ़ा फीडर आ बाजार समिति फीडर में बिजली मरम्मती के काम चली। प्रभुनाथ नगर पावर सब स्टेशन से

Share

छपरा के शहरी क्षेत्र में आज तीन घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। एह दौरान साढ़ा फीडर आ बाजार समिति फीडर में बिजली मरम्मती के काम चली। प्रभुनाथ नगर पावर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला दुनो फीडर में पावर कट कs के काम कइल जाये के बा। एसे शहर के उत्तरी हिस्सा में असर देखे के मिली।

विभाग से मिलल जानकारी के अनुसार सबेरे 10 बजे से दुपहरिया एक बजे तक बिजली बाधित रही। एकरा पहिले बिजली संबंधित कामन के निपटा लेवे के सलाह दिहल गइल बा। कनीय अभियंता ने बतवलें कि बरसात के मौसम में पावर ट्रिप के समस्या आ रहल बा। एहिसे पावर कट कs के मरम्मती के काम कइल जरूरी बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.