[the_ad_group id="30365"]

ट्रेन के आगे कूदे वाला परिवार के भइल पोस्टमार्टम : गोरखपुर में बेटा के हो गइल रहे दु हिस्सा, मां-बेटी के टूट गइल रहे माथा-सीना के हड्डी

ट्रेन के आगे कूदे वाला परिवार के भइल पोस्टमार्टम : गोरखपुर में बेटा के हो गइल रहे दु हिस्सा, मां-बेटी के टूट गइल रहे माथा-सीना के हड्डी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर : चिलुआताल के डोहरिया बाजार में सोमार के लईकन के संगे ट्रेन के आगे कूदके खुदकुशी करे वाली पूजा (30), अमन (08) आ राधा (05) के मंगर के पोस्टमार्टम करावल गइल। बीआरडी मेडिकल कॉलेज में मासूम लईकन के पोस्टमार्टम करे वालन कर्मियन के हाथ कांप गइल। ऊ बतवलें कि ट्रेन से कटके बेटा अमन के दु हिस्सा हो गइल रहे आ झटका लगला से पूजा आ राधा के माथा आ सीना के हड्डी टूट गइल रहली सs। एह वजह से तीनो के मौत भइल।

पिता ससुराल वालन पs दहेज प्रताड़ना के आरोप लगावल

एह ममिला में पूजा के पिता बांसगांव के गुआर गांव निवासी छट्ठू प्रसाद चिलुआताल थाने में मंगर के तहरीर देके पति आ ससुराल पक्ष के लोगन पs दहेज उत्पीड़न कs खातिर खुदकुशी खातिर उकसावे के आरोप लगवले रहस। तहरीर में लिखल बा कि आठ साल पहिले बेटी के बियाह डोहरिया के डबलू के संगे भइल रहे। एह दौरान उनकर जवन मांग रहे, उपहार स्वरूप देले रहस।

एकरा बाद पति डबलू, सास-ससुर आ देवर बेटी के दहेज खातिर मारे-पीटे लगले। एने, दु लाख रुपिया खातिर लगातार बेटी के प्रताड़ित कइल जात रहे। हमार दुनो नाती आ नातिन के दामाद डबलू शराब पीके हमेसा मारत-पीटत रहे। सोमार के बेटी कॉल कs के कहलस कि ससुराल वालन के प्रताड़ना से तंग आके हम अब खुदकुसी कs लेम। पति आ ससुराल के लोगन के प्रताड़ना से तंग आके बेटी खुदकुसी कइले बाड़ी। ऊ सख्त कार्रवाई के मांग कइलें।

रेलवे पुल के लगे ट्रेन के आगे कूदके देली जान

चिलुआताल के डोहरिया बाजार के डबलू के पत्नी पूजा (35) सोमार के सांझ के अमन आ बेटी राधा के लेके घर से निकलली आ मानीराम रेलवे पुल के लगे सांझ के 05:22 बजे गोंडा-गोरखपुर डेमू ट्रेन के आगे कूदके जान दे देलस। ट्रेन चालक मानीराम रेलवे स्टेशन के स्टेशन मास्टर के एकर सूचना देलस। स्टेशन मास्टर के सूचना पs चिलुआताल पुलिस मवका पs पहुंच लो आ शव के कब्जा में ले लेलस।

हैदराबाद में रहे वाला पति के दिहल गइल जानकारी

महिला के पहचान होखला के बाद ओकरा घरवालन के सूचना दिहल गइल। पूजा आपन सास बुटका देवी आ ससुर नरायन के संगे लईकन के लेके रहत रहली। हैदराबाद में रहे वाला पति के एकर जानकारी दिहल गइल बा। सूचना पाके ऊ गोरखपुर आवे खातिर निकल गइल बा।

Read Also: Sasaram News: सासाराम में भीषण सड़क हादसा, ट्रक में जा घुसल महाकुंभ से लवट रहल बोलेरो; दुगो महिला के मौत-8 घायल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]