Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चेन्नई के हवा में खुलके ली सांस ! दिल्ली- मुंबई कोलकाता आ गोरखपुर में प्रदूषण से बुरा हाल, जानी महानगरन के AQI

प्रदूषण के चलते देश के राजधानी अवुरी आर्थिक पूंजी के हालत खराब बा। जबकि चेन्नई के बात करीं तs एहिजा के हवा साफ आ सांस लेबे लायक बा। कोलकाता में भी अधिकांश क्षेत्र में वायु गुणवत्ता सूचकांक (एक्यूआई) मध्यम रेंज में बा। चारो मेट्रो के हालत जानल जाव। 

5,438

 

प्रदूषण के चलते देश के राजधानी नई दिल्ली अवुरी आसपास के इलाका के हालत खराब बा। बहुत लोग के आंख अवुरी छाती में जलन के शिकायत होखता। एकरा संगे कुछ लोग के गला में खराश के समस्या भी महसूस हो रहल बा। दिल्ली सरकार के ओर से प्रदूषण कम करे खातीर बहुत कदम उठावल जाता, लेकिन अधिकांश इलाका में हवा के गुणवत्ता बहुत खराब अवुरी गंभीर श्रेणी में बनल बा। अगर आजु यानी 07 नवंबर के बात करीं तs सबेरे 07 बजे आनंद विहार इलाका में AQI (Air Quality Index) 440 पs दर्ज हो रहल बा जवन गंभीर श्रेणी में आवेला।

दिल्ली के अन्य क्षेत्रन के हालत

दिल्ली के अधिकांश इलाका में एयर क्वालिटी इंडेक्स (AQI) बहुत खराब श्रेणी में बनल बा। एकरा संगे कुछ क्षेत्र में (AQI) गंभीर श्रेणी में बनल बा। दिल्ली के अलीपुर इलाका में सबेरे 7 बजे AQI 303 दर्ज भइल जवन बहुते खराब श्रेणी में दर्ज बा। एकरा संगे सीआरआरआई मथुरा रोड पs AQI 407 दर्ज भईल जवन कि गंभीर श्रेणी में आवेला। डीटीयू क्षेत्र में AQI गंभीर श्रेणी में बनल बा। इहाँ AQI 416 दर्ज भइल रहे।

दिल्ली के अलग-अलग इलाकन के हाल

दिल्ली में 10 नवंबर ले स्कूल बंद

प्रदूषण के स्थिति के देखत दिल्ली सरकार दसवीं आ बारहवीं कक्षा के छोड़ के सगरी स्कूलन के दस नवम्बर ले बंद करे के आदेश दिहले बिया। एकरा संगे सरकार दिल्ली में एक सप्ताह खातीर ऑड-ईवन नियम के लागू करे के आदेश देले बिया। एकरा के 13 से 20 नवंबर के बीच लागू कईल जाई। दूसर ओर पहिले वायु प्रदूषण के देखत दिल्ली सरकार ‘रेड लाइट ऑन, गाड़ी ऑफ’ अभियान लागू कईले रहे। सरकार प्रदूषण रोके खातिर ग्रेडेड रिस्पांस एक्शन प्लान के चउथा चरण के भी लागू कईले बिया।

 

Chennai AQI: फ़ोटो

 

कोलकाता के बात कईल जाए तs एक्यूआई अधिकांश क्षेत्र में मध्यम श्रेणी में बा। एकरा संगे एक-दु क्षेत्र में एक्यूआई खराब श्रेणी में बा। बिधाननगर में एक्यूआई 155 दर्ज भइल जवन मध्यम श्रेणी में आवेला। फोर्ट विलियम में दर्ज एक्यूआई 212 रहल जवन खराब श्रेणी में आवेला। जादवपुर में एक्यूआई 184 दर्ज भइल।

गोरखपुर शहर के हवा के गुणवत्ता में काफी गिरावट आईल बा। अतवार के दिने वायु गुणवत्ता सूचकांक (एक्यूआई) 300 से ऊपर दर्ज भइल। वायु प्रदूषण के ई स्थिति मानव स्वास्थ्य खातिर बहुत खराब मानल जाला। जानकार लोग के कहनाम बा की आंख में जलन के अलावे सांस लेवे में परेशानी होखेला। एकर बहुत गंभीर असर लइकन पs पड़ेला। फेफड़ा सिकुड़ जाला। दिल्ली-एनसीआर से प्रदूषित हवा के गोरखपुर पहुंचला से हालात अउरी खराब हो गइल बा

 

 

 

675990cookie-checkचेन्नई के हवा में खुलके ली सांस ! दिल्ली- मुंबई कोलकाता आ गोरखपुर में प्रदूषण से बुरा हाल, जानी महानगरन के AQI

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.