[the_ad_group id="30365"]

छपरा में कार के पीछा कs रहल पुलिस गाड़ी पलटल: एएसआई समेत 5 पुलिसकर्मी घायल, घटनास्थल से 300 मीटर दूर दूसरको कार दुर्घटनाग्रस्त, टायर ब्लास्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में मंगर के सबेरे एगो संदिग्ध कार के पीछा करे के दौरान मांझी थाना के पुलिस गाड़ी नहर में पटल गइल। सड़क दुर्घटना में 5 पुलिसकर्मी घायल हो गइल लो। एमे 2 के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा। गश्ती दल करीब 20 मिनट तक संदिग्ध कार के पीछा कइलस। जवना के बाद पुलिस के गाड़ी अनियंत्रित होले पलट गइल। ओहिजा, दूसरका तरफ दुर्घटना स्थल से 300 मीटर आगे संदिग्ध कार के टायर ब्लास्ट हो गइल। जवना के बाद चालक वाहन छोड़के फरार हो गइल। कार में शराब लदल बा। जवना के पुलिस जब्त कs लिहल। बाकिर शराब केतना, काउंटिंग नइखे भइल। घटना नरलपलिया बाजार के लगे के हs।

घायलन में तीन महिला पुलिसकर्मी घायल

घायलन में तीन महिला पुलिसकर्मी रूपम कुमारी, बंदना कुमारी, नीतू कुमारी सामिल बा लो। एकरा अलावे एएसआई वीरेंद्र राम आ चालक कौशल कुमार जख्मी हो गइल लो। एह लोगन के इलाज खातिर मांझी प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र में ले जाइल गइल। उहां से सदर अस्पताल रेफर कs दिहल गइल। फिलहाल विरेंद्र राम आ नीतू कुमारी के इस्थिति गंभीर बा। एह दुनो के माथा में चोट लागल बा। सड़क हादसा के बाद मवका पs लोगन के भीड़ लाग गइल रहे। स्थानीय लोगन के मदद से सब केहू के अस्पताल ले जाइल गइल।

पुलिस अनुसंधान में जुटल बिया

थानाध्यक्ष अशोक दास कहलें कि मंगर के सबेरे संदेहास्पद करिया रंग के गाड़ी के सूचना मिलल रहे। जवना के बाद गश्ती दल पीछा कइल सुरू कइलस। एह दौरान गाड़ी अनियंत्रित हो गइल। संदिग्ध गाड़ी से शराब मिलल बा। पुलिस अनुसंधान में जुटल बिया।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]