PoK Protests : प्रदर्शनकारी आ सुरक्षाबलन के बीच हिंसक झड़प, 30 से जादे लोगन के मौत, करीब 200 घायल

PoK Protests Turn Violent, Over 30 Killed and Hundreds Injured in Clashes

Share

इस्लामाबाद : पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर (PoK) में प्रदर्शनकारी आ सुरक्षाबलन के बीच भइल हिंसक झड़प में 30 से जादे लोगन के मौत हो गइल बा, जबकि करीब 200 लोग घायल बतावल जा रहल बाड़ें।

जानकारी के माेताबिक, ई झड़प ओह समय सुरू भइल जब प्रशासन जॉइंट अवामी एक्शन कमेटी (JAAC) पs प्रतिबंध लगा देलस। JAAC एगो प्रमुख नागरिक संगठन हs, जवन इलाका में आर्थिक आ राजनीतिक मुद्दन के लेके लगातार आंदोलन चलावत रहल बा।

PoK में काहे भइल बवाल?

पुलिस के मोताबिक, जॉइंट अवामी एक्शन कमेटी के समर्थक एगो अस्पताल के मोर्चरी के बाहर जुटल रहे लोग। ओहिजा संगठन के एगो सदस्य के शव ले आवल गइल रहे, जेकर मौत कथित रूप से पुलिस गोलीबारी में भइल रहे।

एह घटना के बाद माहौल आउर तनावपूर्ण हो गइल आ प्रदर्शनकारी सड़क पs उतर अइलें। हालात बिगड़ला के बाद सुरक्षाबल घटनास्थल पs पहुंच गइल।

प्रदर्शनकारी आ सुरक्षाबलन में टकराव

पुलिस के दावा बा कि जब सुरक्षाबल प्रदर्शनकारियन के हटावे के कोसिस कइलस, तs कुछ लोग सुरक्षाबलन पs हमला कर देलस। पुलिस के अनुसार, हमला में ऑटोमैटिक राइफल, पेट्रोल बम आ दोसरा हथियारन के इस्तेमाल कइल गइल। झड़प के दौरान कइयन गो इलाकन में अफरा-तफरी मच गइल आ बड़ संख्या में लोग घायल हो गइल।

JAAC हड़ताल के आह्वान कइलस

JAAC इलाका के विधानमंडल चुनाव के खिलाफ विरोध दर्ज करावत हड़ताल के आह्वान कइले बा। संगठन के आपत्ति एह बात पs बा कि 27 जुलाई के होखे वाला चुनाव में 45 सीटन में से 12 सीट शरणार्थियन खातिर आरक्षित रखल गइल बा।

एह मुद्दा पs संगठन लगातार विरोध प्रदर्शन करत आ रहल बा। फिलहाल इलाका में तनावपूर्ण इस्थिति बनल बा आ सुरक्षा बेवस्था कड़ा कs दिहल गइल बा।

Read Also: TMC में टूट से NDA के मिल सकेला बड़ फायदा, लोकसभा में 300 पार जा सकेला आंकड़ा, समझीं पूरा गणित

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-