[the_ad_group id="30365"]

PM Modi On Chirag: ‘हमार छोट भाई चिराग पासवान…’, जब हजार लोगन के सोझा PM Modi कहले ई बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

PM Modi Bihar Visit अपना संबोधन के दौरान प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी दिवंगत पूर्व केंद्रीय मंत्री के याद कइले आ कहले कि पहला चुनाव बा कि बिहार के बेटा गरीबों आ दलितन के मसीहा रामविलास पासवान हमनीं के बीच में नइखन बाकिर संतोष बा कि पुत्र आ हमार छोट भाई चिराग पासवान रामविलास जी के विचारन के पूरा गंभीरता से आगे बढ़ा रहल बाड़े।

जमुई के खैरा प्रखंड स्थित बल्लोपुर के धरा से बियफे के बिहार में चुनावी शंखनाद करे पहुंचले प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी अपना संबोधन के दौरान चिराग पासवान के छोट भाई कहलें।

चिरागो पासवान अपना एक्स अकाउंट पऽ प्रधानमंत्री के आभार व्यक्त कइले । उऽ लिखले, जमुई के पावन आ ऐतिहासिक धरा पऽ देश के यशस्वी प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी विशाल जनसभा के संबोधित कइले आ NDA प्रत्याशी अरुण भारती के जितावे के अपील कइलें।

‘हमहूँ पीएम के साथे मंच साझा कइनीं ‘

उऽ आगे लिखले – हमहूँ प्रधानमंत्री जी के साथे मंच साझा कइले। ई हमनी खातिर भावनात्मक पल रहें, काहेंकि पिछला बेर साल 2019 में जब प्रधानमंत्री जी जमुई आइल रहलें तऽ हमनीं के नेता आ पिता श्रद्धेय रामविलास पासवान जी मौजूद रहलें। उऽ प्रधानमंत्री जी के पक्ष में बिहार के जनता से पूर्ण समर्थन आ समर्पण के अपील कइले रहलें। अब ई जिम्मेदारी हमरा कान्ह पऽ बा।

चिराग लिखले कि हम ई विश्वास दिआवत बानी कि बिहार के जनता 40 के 40 सीट यशस्वी प्रधानमंत्री के समर्पित करे खातिर तइयार बा। हम प्रधानमंत्री जी के ह्रदय से आभार करत बानी कि उऽ बिहार में चुनावी अभियान के शुरुआत खातिर हमरा कर्मभूमि जमुई के चुनले। एकरा साथहीं , हम लाखन के संख्या में मौजूद जमुई के देवतुल्य जनतो के आभार आ धन्यवाद करत बानी।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]