G7: शिखर सम्मेलन के फैमिली फोटो में बीच मंच पs नजर अइलें PM मोदी, बाइडन नीचे खड़ा रहस; लोग बोलल- हर भारतीय के गरब 

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 15, 2024

जी-7 शिखर सम्मेलन में हिस्सा लेला के बाद भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ब्रिडिसि एयरपोर्ट से भारत खातिर रवाना हो गइलें। इटली में ऊ ब्रिटेन के प्रधानमंत्री ऋषि सुनक, फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों आ

Share

फैमिली फोटो में बीच मंच पs नजर अइलें पीएम मोदी - फोटो : एक्स/नरेंद्र मोदी

जी-7 शिखर सम्मेलन में हिस्सा लेला के बाद भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ब्रिडिसि एयरपोर्ट से भारत खातिर रवाना हो गइलें। इटली में ऊ ब्रिटेन के प्रधानमंत्री ऋषि सुनक, फ्रांस के राष्ट्रपति इमैनुएल मैक्रों आ पोप फ्रांसिस सहित कइयन नेता लोगन के संगे द्विपक्षीय वार्ता कइलें। ओहिजा, कनाडा के प्रधानमंत्री जस्टिन ट्रूडो से मुलाकात बहुते चरचा में रहल। हालांकि, एह सबके अलावे एह सम्मेलन के एगो फैमिली फोटो बहुते चरचा में आ गइल बा, जवना से साफ जाहिर होता कि जी7 के सदस्य ना होखला के बादो भारत के दबदबा कायम बा।

दरअसल, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी7 शिखर सम्मेलन में पहुंचलें। इटली के प्रधानमंत्री जॉर्जिया मेलोनी उनकर गर्मजोशी से स्वागत कइली। भारत जी7 शिखर सम्मेलन में ‘आउटरीच राष्ट्र’ के रूप में भाग लेलस। दुनिया भर के नेता लो सुक के रात जी-7 शिखर सम्मेलन के ‘आउटरीच राष्ट्र’ सत्र में एगो फैमिली तस्वीर खिंचवावल। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोशल मीडिया मंच एक्स पs ई तस्वीर साझा कइलें। ऊ लिखलें ‘इटली में जी7 शिखर सम्मेलन में विश्व नेता लोगन के संगे।’

एह चलते चरचा में आइल तस्वीर

पीएम मोदी के तस्वीर साझा करतही सोशल मीडिया पs वायरल हो गइल। लोग जमके चरचा कs रहल बा। एगो तस्वीर में पीएम मोदी मंच पs बीचों बीच खड़ा दिखाई देलें, जबकि इटली के प्रधानमंत्री मेलोनी खुद नीचे वाला लाइन में खड़ा रहली। इहां तक कि अमेरिका के राष्ट्रपति जो बाइडन तक नीचे खड़ा नजर अइलें। उनका संगे आउर देसन के प्रमुख दाएं-बाएं खड़ा दिखल लो।

सोशल मीडिया पs वायरल

तस्वीर पs प्रतिक्रिया देत एगो यूजर लिखलस, ‘खूबसूरत मोदीजी, राउर आज ई तस्वीर देख के हर भारतीय के सीना गरब से चौड़ा हो जाई। वास्तव में 140 करोड़ भारतवासी एगो नायाब हीरा चुनले बा।’

एगो आउर यूजर लिखलस, ‘भारत बिना सदस्य बनलें जी-7 देसन में सामिल हो गइल बा आ दुनिया के सबसे बड़ समूह के बीच में बा। ई एगो गौरव के पल हs।’

एगो आउर यूजर कहलस, ‘विश्व गुरु भारत’। ओहिजा अनूप नाम के एगो यूजर कहलस कि जरे वाला आउर जरी लो एह फोटो के देखके।

एगो यूजर लिखलस, ‘एह तस्वीर में हमनी के प्रधानमंत्री मोदीजी के जगह पs गौर फरमाईं। ई दुनिया में भारत के इस्थिति के दरसावत बा, केंद्र बिंदु बा भारत। तू मानs भा मत मानs इंडिया गठबंधन बाकिर हकीकत इहे बा।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.