[the_ad_group id="30365"]

PM Kisan Yojana : किसानन के खाता में एह दिन आई 23वीं किस्त, जानीं किस्त पावे खातिर का करे के पड़ी?

PM Kisan Yojana 21st installment update – farmers without e-KYC may not receive payment in bank accounts.
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि योजना (PM Kisan Yojana) से जुड़ल करोड़न किसानन खातिर एगो बढ़िया खबर बा। केंद्र सरकार पीएम किसान योजना के 23वीं किस्त जारी करे के तारीख के ऐलान कs देले बिया। अब किसानन के अगिला किस्त के पईसा के इंतजार बहुते जल्दिये खतम होखे वाला बा।

पीएम किसान सम्मान निधि योजना के तहत अब तक किसानन के 22 किस्त के लाभ मिल चुकल बा। अब सरकार 23वीं किस्त जारी करे के तइयारी में जुटल बिया।

20 जून 2026 के जारी होई किस्त

कृषि आ किसान कल्याण विभाग आउर कृषि तथा किसान कल्याण मंत्रालय के ओर से दिहल जानकारी के मोताबिक, पीएम किसान योजना के 23वीं किस्त 20 जून 2026 के जारी कइल जाई।

एह जानकारी के पीएम किसान योजना के आधिकारिक सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स अकाउंट पs साझा कइल गइल बा। किस्त जारी होखला के बाद पात्र किसानन के बैंक खाता में सीधे पईसा ट्रांसफर कs दिहल जाई।

कृषि मंत्रालय जारी कइलस वीडियो

कृषि आ किसान कल्याण विभाग के ओर से पीएम किसान योजना के 23वीं किस्त के लेके एगो वीडियो जारी कइल गइल बा। वीडियो के संगे जारी संदेश में कहल गइल बा-

“सीधा मदद, मजबूत किसान! तारीख नोट कs लीं: PM-KISAN के 23वीं किस्त 20 जून 2026 के जारी कइल जाई, जवना से हमनी के अन्नदाता किसानन के खाता में सीधे आर्थिक मजबूती पहुंची।”

आधिकारिक पोर्टल पs अभी अपडेट नइखे

हालांकि कृषि विभाग आ पीएम किसान योजना के आधिकारिक सोशल मीडिया अकाउंट पs 23वीं किस्त के तारीख के जानकारी दे दिहल गइल बा, बाकिर पीएम किसान के आधिकारिक पोर्टल पs अभी तक एह तारीख के पुष्टि नइखे देखावल गइल। पोर्टल पs फिलहाल 22वीं किस्त से जुड़ल जानकारी उपलब्ध बा। एकरा पहिले पीएम किसान योजना के 22वीं किस्त 13 मार्च 2026 के जारी भइल रहे।

किस्त पावे खातिर किसानन के का करे के पड़ी?

पीएम किसान योजना के किस्त पावे खातिर किसानन के कुछ जरूरी प्रक्रिया पूरा करे के होई। एह में सामिल बा-

  • किसान के ई-केवाईसी (e-KYC) पूरा होखे के चाहीं।
  • बैंक खाता के जानकारी सही होखे के चाहीं।
  • आधार कार्ड बैंक खाता से लिंक होखे के जरूरी बा।
  • योजना खातिर पात्रता के जांच पूरा होखे के चाहीं।

अगर किसान ई सब शर्त पूरा कs लेत बा लोग तs 23वीं किस्त के पईसा सीधे बैंक खाता में पहुंच सकेला।

Read Also: India on Iran-US Deal : अमेरिका-ईरान समझौता पs पीएम मोदी कहलें- सहमति के स्वागत बा, बातचीत से टिकाऊ आ अंतिम समझौता के उम्मीद

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]