Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

PKL 8 में पुणेरी पलटन के एगो अउरी जीत

पहिला हाफ में पुणेरी पलटन बनवलस १५-१४ के बढ़त

560

PKL 8 में पुणेरी पलटन के एगो अउरी जबरजस्त जीत मीलल| दूनों टीम के परदर्सन पहिला हाफ में काफी निम्मन रहल और केहू एक दूसरे को ढेर आगे नहीं निकल पावल। तमिल थलाइवाज जरूर पुनेरी पलटन के ऑल-आउट कइले के निगचइनें  लेकिन पुणे की टीम खुद को बचवनें। एही बीच राहुल चौधरी के भी पहिलका हाफ में सब्सटीट्यूट करत रेड कइले के मौका मिलल अउर ऊ दू रेड में एगो पॉइंट हासिल कइलें। सबसे खास बात ई रहल कि ऊ रेड करत में आउट नाइ भइनें।

तमिल थलाइवाज के लग्गे दुसरका हाफ में पुनेरी पलटन के ऑल-आउट कइले के कई मौके मिलल, लेकिन पुनेरी पलटन जबरदस्त तरीका से अपना के बचवनें सब। अबिनेश नादराजन और मोहित गोयत पहिले रेड करत अपना टीम के बचवनें
| मोहित गोयत मंजीत के भी सुपर टैकल क के आउट कइनें। यही के नतीजा रहल कि मैच के 29वा मिनट में पहिला बेर पुनेरी पलटन तमिल थलाइवाज के ऑल-आउट क देहलस और एही के संगे आपन बढ़त में इजाफा क लेहलस। तमिल के डिफेंस कुछ खास नहीं कर पाइल और पुणे एकर फायदा उठवलस। भवानी राजपूत सुपर रेड लगावत तीन पॉइंट्स हासिल करत अपना टीम के मैच में वापस लौटवले के कोसिस कइनें।

 

साभार – SPORTSKEEDA

217010cookie-checkPKL 8 में पुणेरी पलटन के एगो अउरी जीत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.