मृतक प्रभात पांडेय के अंतिम संस्कार में हंगामा, कांग्रेस प्रदेश अध्यक्ष के भी रोकल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 19, 2024

कालेसर बगहा बाबा मुक्तिधाम में कांग्रेस कार्यकर्ता प्रभात पांडेय के अंतिम संस्कार के दौरान हंगामा होखे लागल.कांग्रेस प्रदेश अध्यक्ष अजय राय के पहुंचले पs उहां मौजूद लोग आ परिजन पहिले उनके किनारे कs दिहले आ

Share

मृतक प्रभात पांडेय के अंतिम संस्कार में हंगामा

कालेसर बगहा बाबा मुक्तिधाम में कांग्रेस कार्यकर्ता प्रभात पांडेय के अंतिम संस्कार के दौरान हंगामा होखे लागल.कांग्रेस प्रदेश अध्यक्ष अजय राय के पहुंचले पs उहां मौजूद लोग आ परिजन पहिले उनके किनारे कs दिहले आ फेर काफी दिहलें पs आगे जाए दिहलें.
अंतिम संस्कार के बिचे अचानक कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष अजय राय कालेसर बगहा बाबा मुक्तिधाम पहुंचले। लोग नारेबाजी करत उनके रोकत चिता के लगे जइले से मना कs दिहलें। एs पs उs कहले कि ‘राउर बेटा, भतीजा आ भाई मरल बाने तs हमार कार्यकर्ता भी रहले.’

हम खाली हाथ जोड़ प्रणाम करे आइल बानी। एs दौरान कांग्रेस कार्यकर्ता पुलिस अवुरी सरकार विरोधी नारा लगावत रहले, जबकि कुछ लोग राहुल अवुरी प्रियंका गांधी के खिलाफ नारा लगावे लगले। उहाँ मौजूद लोग एक पार्टी के लोग पs कांग्रेस पार्टी के नेता के बोला के हत्या करावे के आरोप लगावे लगले। एही बीच बढ़त तनाव देख पुलिस के दखल देवे के पड़ल।

गीडा क्षेत्र के देईपार निवासी प्रभात पांडेय (30) के मउत से पूरा गांव हतप्रभ हो गईल बा। उs दस दिन पहिले गाँव से लखनऊ में अपना बहिन के लगे गईल रहले। बुध के जसही उनुका निधन के खबर मिलल, गांव में उनुका घर में मातम मच गईल। बियफ़ें के सबेरे प्रभात के शव गांव पहुंचल। बेटा के मउत के खबर मिलला के बाद पिता दीपक पांडेय सदमा में बाड़े। उs कवनो बात कइले के स्थिति में नईखन।

साभार- अमर उजाला

इहो पढ़ीं: मां बनले के बाद अब टीवी पs वापसी करे जा रहल बाड़ी दीपिका कक्कड़

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.