[the_ad_group id="30365"]

UGC Bill के विरोध में सवर्ण समाज के प्रदर्शन, गोरखपुर-देवरिया मार्ग जाम

UGC Bill protest by Swarn Samaj blocking Gorakhpur Deoria road in Deoria
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया। यूजीसी बिल के नया प्रावधान के विरोध में सवर्ण समाज के लोग कलेक्ट्रेट परिसर में जोरदार प्रदर्शन कs रहल बा लाेग। प्रदर्शनकारी गोरखपुर-देवरिया मुख्य मार्ग जाम कs दिहल लोग आ केंद्र सरकार के खिलाफ जमके नारेबाजी भइल।

मंगर के दिन दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के मुख्य गेटो पs यूजीसी के नया नियम के विरोध में छात्र सड़क पs उतर आइल लोग। पहिले तs जोरदार प्रदर्शन भइल, ओकरा बाद खून से लिखल चिट्ठी जिला प्रशासन के माध्यम से राष्ट्रपति के भेजल गइल।

छात्र लोगन के कहनाम बा कि विश्वविद्यालय आ महाविद्यालय में जाति के आधार पs भेदभाव बढ़ावल ना जावs आ सब केहू खातिर एक समान कानून लागू कइल जावs। छात्रन के आरोप बा कि यूजीसी के ई “काला कानून” लईकरन के बीच जातीय भेदभाव बढ़ावत बा आ सवर्ण समाज के संगे सौतेला बेवहार करत बा, जवन एकदमे गलत बा।

छात्र लोग चेतावनी दिहल कि जदि यूजीसी के ई कानून जल्दी वापस ना लिहल गइल, तs आगे चलके उग्र आंदोलन करे के मजबूरी होई।

एह प्रदर्शन के नेतृत्व सत्यम गोस्वामी, नारायण दत्त पाठक आ प्रतीक तिवारी करत रहलें। आंदोलन में अश्विनी द्विवेदी, सक्षम पांडेय, श्रीओम पंडित, जतिन मिश्रा, अंकित मिश्रा, नीरज मिश्रा, आदर्श द्विवेदी, आदर्श शुक्ला, उज्वल सिंह, सत्यम शुक्ला सहित कइयन गो छात्र सामिल रहल लोग।

Read Also: Prayagraj Magh Mela : शंकराचार्य स्वामी अविमुक्तेश्वरानंद दुखी मन से छोड़लें माघ मेला, बोललें- अइसन कबो कल्पना ना कइले रहनी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]