[the_ad_group id="30365"]

Patna News : गोलियन के तड़तड़ाहट से गूंजल पारस हॉस्पिटल, बदमाश घुसके मरलें सs गोली; मचल अफरातफरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। शास्त्रीनगर नगर थाना क्षेत्र के राजाबाजार में अपराधी पारस अस्पताल में घुसके एगो मरीज के गोली मार देलस। मरीज के तीन से चार गोली मारल गइल बा।

घटना के बाद अस्पताल में अफरातफरी के माहौल बा। घटना के सूचना मिलतही शास्त्रीनगर, राजीव नगर थाना के पुलिस मवका पs पहुंच गइल।

बतावल जा रहल बा कि जेकरा गोली लागल बा, ओकर इस्थिति गम्भीर बा। ओकर पहचान बक्सर निवासी चंदन कुमार उर्फ चंदन मिश्रा के रूप में भइल बा। जवन पहिले गोली मारे के आरोप में बेउर जेल में बंद रहे।

तबीयत खराब होखला के बाद उ पैरोल पs बाहर निकलल रहे। एकरा पहिलहूं पटना में एगो निजी अस्पताल में घुसके अस्पताल संचालिका के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल रहे।

Read Also: Bihar Free Bijli: बिहार में एह जुलाई से बिजली फ्री, चुनाव से पहिले सीएम नीतीश कुमार के बड़ एलान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]