Himachal Floods : हिमाचल में बाढ़ आ भूस्खलन से भारी तबाही, 14 के मौत, 12 जुलाई तक भारी बरखा के अलर्ट

By Shweta Supriya

Published on: Jul 4, 2026

शिमला। हिमाचल प्रदेश में लगातार हो रहल तेज बरखा, बाढ़ आ भूस्खलन से जनजीवन बुरा तरे प्रभावित हो गइल बा। राज्य में अभी तक 14 लोगन के जान जा चुकल बा, जबकि सुरुआती आकलन के

Share

Himachal Pradesh Flood and Landslide After Heavy Rain

शिमला। हिमाचल प्रदेश में लगातार हो रहल तेज बरखा, बाढ़ आ भूस्खलन से जनजीवन बुरा तरे प्रभावित हो गइल बा। राज्य में अभी तक 14 लोगन के जान जा चुकल बा, जबकि सुरुआती आकलन के मोताबिक करीब 16 करोड़ रुपिया के नुकसान भइल बा। मौसम विभाग 12 जुलाई तक भारी बरखा के चेतावनी जारी कइले बा।

किन्नौर में बाढ़ से बंद भइल राष्ट्रीय राजमार्ग

सुक के भोर में करीब चार बजे किन्नौर जिला में तेज बरखा के बाद चोलिंग इलाका में बाढ़ आ गइल। बाढ़ के मलबा से शिमला-रिकांगपिओ राष्ट्रीय राजमार्ग (एनएच) करीब 30 मीटर तक ढंक गइल, जवना चलते सड़क सबेरे 10 बजे तक बंद रहल। एही दौरान ओह रास्ता से गुजरत दू गो कार मलबा में फंस गइल, बाकिर समय रहते रुक गइला से बड़ हादसा टल गइल।

रिब्बा संपर्क मार्ग भइल बंद

किन्नौर के रिब्बा इलाका में बाढ़ आ मलबा आवे के चलते रिब्बा-कंडे संपर्क मार्ग पs गाड़ी के आवाजाही रोक दिहल गइल बा।

तीन दिन में 16 करोड़ रुपिया के नुकसान

राज्य सरकार के मोताबिक, मानसून सुरू होखला के बाद अभी तक करीब 16 करोड़ रुपिया के नुकसान भइल बा। पिछला तीन दिन में प्रदेश में 30.9 मिलीमीटर बरखा दर्ज भइल, जवन सामान्य से 106 प्रतिशत जादे बा।

किन्नौर जिला में एही अवधि में 18.3 मिलीमीटर बरखा रिकॉर्ड भइल, जवन सामान्य से 423 प्रतिशत जादे बा। लाहौल-स्पीति के छोड़ बाकी लगभग सब जिला में सामान्य से जादे बरखा भइल बा।

49 सड़क आ तीन ट्रांसफार्मर अभियो बंद

बादल फटे आ लगातार बरखा के चलते राज्य में अभियो 49 सड़क बंद बा, जबकि तीन गो ट्रांसफार्मर ठप पड़ल बा। प्रशासन मलबा हटावे आ जरूरी सेवा बहाल करे में लागल बा।

राहत-बचाव अभियान जारी

स्टेट इमरजेंसी ऑपरेशन सेंटर (SEOC) के ताजा रिपोर्ट के अनुसार, भारी बरखा से अभी तक 14 लोगन के मौत हो चुकल बा। एमे 12 मौत मौसम से जुड़ल घटना में भइल बा, जबकि दू लोग सड़क दुर्घटना में जान गंववले बा।

भारी बरखा से सड़क, बिजली आ पेयजल आपूर्तियो गंभीर असर पड़ल बा। कइयन जिलन में राहत आ बचाव टीम लगातार काम कs रहल बा।

12 जुलाई तक भारी बरखा के चेतावनी

मौसम विज्ञान केंद्र, शिमला के अनुसार 5 जुलाई से मानसून आउर सक्रिय होखे के संभावना बा। एह चलते 12 जुलाई तक प्रदेश के अलग-अलग इलाका खातिर ऑरेंज आ येलो अलर्ट जारी कइल गइल बा।

जून महीना में सामान्य से कम बरखा

एह साल जून महीना में हिमाचल प्रदेश में कुल 64.9 मिलीमीटर बरखा दर्ज भइल, जवन 1901 के बाद से 44वां सबसे कम रिकॉर्ड बा। ई सामान्य से 36 प्रतिशत कम रहे। जून महीना में सबसे जादे बरखा मंडी जिला में 115 मिलीमीटर दर्ज कइल गइल।

Read Also: Lalu-Rabri Z Category Security : लालू-राबड़ी के फेर मिली Z श्रेणी के सुरक्षा, सम्राट सरकार समीक्षा के बाद लेलस यू टर्न वाला फैसला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.