Paris Olympic 2024: के हऽ शिवानी पवार, जे विनेश फोगाट के जगही लिया सकत रहली भारत खातिर ओलंपिक पदक

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 10, 2024

Paris Olympics 2024 Who Is Shivani Pawar Wrestler: भलेही वजन के चलते विनेश फोगाट पेरिस ओलंपिक 2024 के फाइनल से पहिले बिना कवनो मुकाबला कइले बाहर हो गइली, बाकिर भारत में आयोजित क्वालीफाइंग दौर में

Share

Paris Olympics 2024 Who Is Shivani Pawar Wrestler: भलेही वजन के चलते विनेश फोगाट पेरिस ओलंपिक 2024 के फाइनल से पहिले बिना कवनो मुकाबला कइले बाहर हो गइली, बाकिर भारत में आयोजित क्वालीफाइंग दौर में उनका प्रतिद्वंदी के संगे इहे हाल भइल। उ पात्र रहली बाकिर उनका जगहा विनेश फोगाट के प्राथमिकता दिहल गइल। एह महिला पहलवान के कहानी विनेश फोगाट से कम नइखे। शिवानी पवार के बारे में बतावल जाव जे ओलंपिक में जा सकत रहली बाकिर उनुका ई मौका ना मिल पावल।

शिवानी पवार के हई?

शिवानी पवार एगो राष्ट्रीय कुश्ती चैंपियन हई। उ मध्य प्रदेश के छिंदवाड़ा के गाँव उमरेठ के निवासी हई। शिवानी के कुश्ती में बहुत उपलब्धि बा। शिवानी एशियाई चैम्पियनशिप में तीन बेर के विश्व चैम्पियनशिप के पदक विजेता पहलवान के हरा के पदक जीतले रहली। किर्गिस्तान के बिश्चेक में आयोजित एशियाई महिला कुश्ती चैम्पियनशिप में 50 किलो वर्ग में भारत खातिर कांस्य पदक जीतले रहली।

शिवानी ओलंपिक में काहे ना पहुंचली?

हालांकि एकरा बादो उनका ओलंपिक में जाए के मौका ना मिलल। विनेश फोगाट के तरे शिवानीयो  50 किलो के वर्ग में खेलेली। हालांकि ओलंपिक में भारत के प्रतिनिधित्व करे के जिम्मेवारी विनेश फोगाट के दिहल गइल। शिवानी पिछला तीन साल से ओलंपिक के तइयारी करत रहली। ट्रायल के प्रक्रिया पs चर्चा करत ओलंपिक से चूक गइल शिवानी कहली कि, जदी चयन नियम के मुताबिक ट्रायल के माध्यम से भइल रहित तऽ कुश्ती में देश के स्वर्ण पदक मिलित।

शिवानी के कहनाम बा कि उऽ कवनो विवाद में ना जाए के चाहत बाड़ी। उनका अपना खेल पs ध्यान देवे के पड़ी। हालांकि विनेश के अयोग्यता से उहो दुखी बाड़ी। उऽ व्यवस्था के मुताबिक चयन होखे के बात कइली ताकि अइसन इस्थिति मत पैदा होखे।

शिवानी शिकायत दर्ज करवली

बता दीं कि भारत में होखे वाला ओलंपिक खातिर चयन प्रतियोगिता का दौरान नियम के अनदेखी करत 50 किलो वजन के प्रतियोगिता चार घंटा ले रोक दिहल गइल। शिवानी जब एकर विरोध कइली तबे झगड़ा भइल। हालांकि पांच अंक से आगे रहला के बावजूद शिवानी के अंक कम मिलल आ विनेश के विजेता घोषित कऽ के ओलंपिक में भेज दिहल गइल। शिवानी अपना खिलाफ भइल अन्याय के शिकायत भारतीय कुश्ती संघ आ भारतीय ओलंपिक संघ में दर्ज करवले बाड़ी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.