Bihar: पप्पू यादव के काफिला के गाड़ियन में टक्कर, देर रात भीषण हादसा में चार लोग जख्मी; कार के परखच्चा उड़ल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 14, 2023

भोजपुर के शाहपुर में सोमार के देर रात करीब 11:30 बजे बक्सर जिला के चक्की जाये के क्रम में जन अधिकार पार्टी (JAP) सुप्रीमो पप्पू यादव के काफिला के गाड़ी आपस में टकरा गइली सs।

Share

भोजपुर के शाहपुर में सोमार के देर रात करीब 11:30 बजे बक्सर जिला के चक्की जाये के क्रम में जन अधिकार पार्टी (JAP) सुप्रीमो पप्पू यादव के काफिला के गाड़ी आपस में टकरा गइली सs। एह हादसा में चार लोग घायल हो गइल। आनन-फानन में सब घायलन के शाहपुर पुलिस द्वारा रेफरल अस्पताल में ले आके इलाज करवावल गइल। हालांकि, पप्पू यादव ठीक बाड़ें। उनका चोट नइखे लागल।

शाहपुर थाना में पदस्थापित दारोगा संजीव कुमार आ शैलेश कुमार के मोताबिक, सोमार के देर रात पटना-बक्सर फोरलेन पs थाना क्षेत्र के कुंडेश्वर गांव के लगे ई घटना घटल। हादसा एतना भयंकर रहे कि कार के परखच्चा उड़ गइल। कार के अगिला हिस्सा बुरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल। चिकित्सकन द्वारा सब घायलन के प्राथमिक उपचार कइल गइल। सबे जख्मी खतरा से बाहर बतावल जा रहल बा लो।

साभार: दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.