पंकज त्रिपाठी राम मंदिर प्राण प्रतिष्ठा में जाए से कइले मना? कहले- हम तीर्थ स्थानन के दर्शन…

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 19, 2024

  पंकज त्रिपाठी के आवे वाली फिलिम ‘ मैं अटल हूँ’ 19 जनवरी के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा। अइसना में पंकज त्रिपाठी एह फिलिम के प्रचार बहुते जोर से करत बाड़न। हाल

Share

 

पंकज त्रिपाठी के आवे वाली फिलिम ‘ मैं अटल हूँ’ 19 जनवरी के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा। अइसना में पंकज त्रिपाठी एह फिलिम के प्रचार बहुते जोर से करत बाड़न। हाल ही में प्रमोशन के दौरान पंकज त्रिपाठी से पूछल गईल कि का उ 22 जनवरी के प्राण प्रतिष्ठा कार्यक्रम खातीर राम मंदिर जईहे? एकरा जवाब में उ कुछ अयीसन कहले जवन कि सभके हैरान कs देले।

अयोध्या जाए के सवाल पs पंकज का कहले?

पंकज त्रिपाठी दैनिक भास्कर के दिहल साक्षात्कार में कहले कि, ‘हम पूर्वांचल के निवासी हई।’ कवनो दिन चुपके से जाके श्री राम के दर्शन करब। दुनिया के नजर से दूर तीर्थ स्थल के दौरा करेनी। उहाँ हम अपना परिवार के साथे शांति से ध्यान करेनी। बातचीत के दौरान पंकज त्रिपाठी से इहो पूछल गईल कि उ रामायण के कवन किरदार निभावल चाहब?

पंकज मर्यादा पुरुषोत्तम के किरदार निभावल चाहत बाड़न

अभिनेता कहले कि मर्यादा पुरुषोत्तम श्रीराम हमार फेवरेट बाड़े। हम तs उनुकर किरदार खाली निभावल चाहब। हालांकि अब हम ओह उमिर समूह के नइखीं। हमार उमिर 48 साल बा आ फिलिमन में हमनी के हमेशा यंग श्री राम के कहानी सुनावेनी जा। बाकिर, एह सब के बावजूद अगर कवनो फिल्मकार हमरा पर भरोसा जतइहें तs हम जरूर करब। बता दीं कि राम मंदिर के उद्घाटन समारोह 22 जनवरी के बा। एह समारोह में लगभग 7500 लोग के बोलावल गइल बा। खेल जगत से लेके फिल्म जगत तक के बहुत लोग के बोलावल गईल बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.