पाकिस्तान: पंजाब के CM आ UAE के राष्ट्रपति के तस्वीर साझा कइले पs फंसले इमरान समर्थक, 5 गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 13, 2025

पाकिस्तान में पंजाब प्रांत के मुख्यमंत्री मरियम नवाज आ संयुक्त अरब अमीरात (यूएई) के राष्ट्रपति शेख मोहम्मद बिन जायद अल नाहयान के फर्जी तस्वीर आ वीडियो सोशल मीडिया पs शेयर करे के आरोप में पूर्व

Share

इमरान खान

पाकिस्तान में पंजाब प्रांत के मुख्यमंत्री मरियम नवाज आ संयुक्त अरब अमीरात (यूएई) के राष्ट्रपति शेख मोहम्मद बिन जायद अल नाहयान के फर्जी तस्वीर आ वीडियो सोशल मीडिया पs शेयर करे के आरोप में पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान के पाँच गो समर्थकन के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा. संघीय जांच एजेंसी के लाहौर साइबर क्राइम यूनिट एs सभके गिरफ्तार कs लेले बिया। 

जानीं कि का भइल रहे?

शेख मोहम्मद बिन जायद अल नाहयान पिछला अतवार के दिने रहीम यार खान के शेख जायद अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs चहुँपल रहले जहाँ उनुकर स्वागत प्रधानमंत्री शेहबाज शरीफ कइले. एह मौका पs मरियम भी मौजूद रहली आ हाथ मिला के शेख मोहम्मद बिन जायद अल नाहयान के अभिवादन कइली. 

पीटीआई मरियम के घेरलस

विपक्षी पार्टी पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (पीटीआई) मरियम के कड़ा आलोचना करत यूएई के राष्ट्रपति से हाथ मिलावे के कदम के बहुते अनुचित बतवले रहुवे. बाद में यूएई के राष्ट्रपति से मरियम के बातचीत के एआई सॉफ्टवेयर से बनल फर्जी वीडियो अवुरी तस्वीर सोशल मीडिया पs फैलल। 

मरियम गिरफ्तारी के आदेश देले

एs वीडियो अवुरी तस्वीर पs कड़ा आपत्ति जतावत मरियम एs लोग के प्रसारण में शामिल लोग के गिरफ्तार करे के आदेश देले रहली। संघीय जांच एजेंसी के मुताबिक, प्रारंभिक जांच में यूएई के राष्ट्रपति अवुरी मरियम के फर्जी फोटो अवुरी वीडियो अपलोड करे में 20 सोशल मीडिया अकाउंट शामिल रहे। एजेंसी के कहनाम बा कि आवे वाला दिन में एs मामला में अवुरी गिरफ्तारी होखे के संभावना बा।

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: धीरे टहलला के सेहत पs पड़ सकेला भारी, Walking Speed के रखी ख्याल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.