[the_ad_group id="30365"]

Bihar: अब स्वास्थ्य विभाग में बंपर भरती, मंत्री मंगल पांडेय बोललें- सरकारी अस्पतालन में 11925 पदन पर होई बहाली

Bihar: अब स्वास्थ्य विभाग में बंपर भरती, मंत्री मंगल पांडेय बोललें- सरकारी अस्पतालन में 11925 पदन पर होई बहाली
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन के सरकार 12 लाख सरकारी नौकरी देवे के संकल्प के पूरा करे के काम बहुत तेजी से काम कs रहल बा। पुलिस महकमा में 19 हजार 838 पद पs सिपाही के बहाली के घोषणा के बाद अब एगो आउर विभाग में बंपर वैकेंसी निकलल बा। बिहार सरकार में स्वास्थ्य मंत्री मंगल पांडेय एकर एलान कइले बाड़ें। ऊ कहलें कि बिहार के सरकारी अस्पतालन में 11925 पदन पs भरती कइल जाई। एमें फार्मासिस्ट, एक्सर-रे व ईसीजी, टेक्नीशियन, प्रयोगशाला प्रौवधिक, शल्य कक्ष सहायक, ड्रेसर के पदन पs बहाली होई। भरती प्रक्रिया खातिर बिहार तकनीकी सेवा आयोग के लेटर भेजल गइल बा। मंत्री कहलें कि जल्दिये भरती प्रक्रिया सुरू हो जाई।

मंत्री मंगल पांडेय कहलें कि 11925 पदन में से बिहार फार्मासिस्ट संवर्ग के 2 हजार 473 पद पs बहाली होई। स्वास्थ्य विभाग बिहार तकनीकी सेवा आयोग के अधियाचना भेज देले बा। जल्दिये बहाली प्रक्रिया पूर्ण करे के कहल गइल बा। राज्य में स्वास्थ्य विभाग मानव बल के संख्या बढ़ावे आ स्वास्थ्य सेवा उन्नत प्रदान करे के दिशा में लगातार प्रयत्नशील बा।

नीतीश सरकार कुल 64 हजार 872 पदन पs नियुक्ति करी

स्वास्थ्य आ पुलिस समेत नीतीश सरकार कुल 64 हजार 872 पदन पs नियुक्ति करी। सामान्य प्रशासन विभाग के ओर से एकर जानकारी दिहल गइल। एमे बिहार लोक सेवा आयोग 16,543 पद आ बिहार कर्मचारी चयन आयोग 12 हजार 437 पदन पs भरती निकालल जा रहल बा। ओहिजा, बिहार तकनीकी सेवा आयोग के ओर से 29 हजार 735 पदन पs नियुक्ति खातिर अनुशंसा भेजल जाये के लक्ष्य रखल गइल बा। जल संसाधन विभाग में 2231 पदन पs भरती होई। एमे इंजीनियर, जूनियर इंजीनियर, असिस्टेंड इंजीनियर, क्लर्क, परिचारी आ ड्राइवर सामिल बा।

Read Also: Jio SpaceX Deal: एयरटेल के बाद जियो-स्पेसएक्स में समझौता, भारत में स्टारलिंक हाई-स्पीड इंटरनेट ले आवे के तइयारी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]