[the_ad_group id="30365"]

छपरा के रास्ता होई विशेष ट्रेन के संचालन: गोरखपुर-डिब्रूगढ़ के बीच चलावल जा रहल बा स्पेशल ट्रेन, छठ पूजा में यात्रियन के मिली सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे प्रशासन छठ महापर्व पs होखे वाला अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत पूजा विशेष गाड़ियन के संचलन कs रहल बा। एही क्रम में छपरा के रास्ते ट्रेन संख्या 05978/05977 डिब्रूगढ़-गोरखपुर साप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचालन 13 से 29 नवम्बर, तक हर सोमार के डिब्रूगढ़ से आ हर बुध के गोरखपुर से कइल जाई। ई जानकरी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देलें। एह ट्रेन के संचालन से छपरा के यात्रियन के विशेष लाभ मिली।

हर सोमार के डिब्रूगढ से 19:55 बजे प्रस्थान करी 

05978 डिब्रूगढ़-गोरखपुर साप्ताहिक विशेष गाड़ी 13 से 27 नवम्बर, 2023 तक प्रत्येक सोमार के डिब्रूगढ से 19:55 बजे प्रस्थान कs के न्यू तिनसुकिया से 20:50 बजे, नाहरकटीया से 21:26 बजे, सिमालूगुड़ी से 22:28 बजे, मरियानी से 23:20 बजे दूसरका दिन फरकाटिंग से 00:20 बजे, दिमापुर से 01:50 बजे, डिफू से 02:27 बजे, लमडिंग से 03:40 बजे, होजाई से 04:28 बजे, जागीरोड से 05:26 बजे, गुवाहाटी से 07:05 बजे, गोलपारा से 09:02 बजे, न्यू बोगाईगाँव से 10:35 बजे, कोकराझार से 11:07 बजे, न्यू कूचविहार से 12.27 बजे, न्यू जलपाईगुड़ी से 15.05 बजे किशनगंज से 16:32 बजे, कटिहार से 18:50 बजे, बरौनी से 22:10 बजे, समस्तीपुर से 23:05 बजे, तीसरका दिन मुजफ्फरपुर से 00:15 बजे, हाजीपुर से 01:20 बजे, छपरा से 02:55 बजे, सीवान से 04:02 बजे आ देवरिया सदर से 05:20 बजे छूटके गोरखपुर 07:30 बजे पहुंची।

“जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” के छठवां साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव के आयोजन के तइयारी जोरन पs, 22 के अमही में भोजपुरी प्रेमियन के होई जुटान

वापसी यात्रा में 05977 गोरखपुर-डिब्रूगढ साप्ताहिक विशेष गाड़ी 15 से 29 नवम्बर, 2023 तक प्रत्येक बुध के गोरखपुर से 15:00 बजे प्रस्थान कs के देवरिया सदर से 16:05 बजे, सीवान से 17:05 बजे, छपरा से 18:35 बजे, हाजीपुर से 20:05 बजे, मुजफ्फरपुर से 21:05 बजे, समस्तीपुर से 22:10 बजे, बरौनी से 23:10 बजे, दूसरका दिन कटिहार से 02:10 बजे, किशनगंज से 03:27 बजे, न्यू जलपाईगुड़ी 05:35 बजे, न्यू कूचविहार से 07:42 बजे, कोकराझार से 09:06 बजे, न्यू बोगाईगाँव 10:26 बजे, गोलपारा से 12:42 बजे, गुवाहाटी से 15:10 बजे, जागीरोड से 16:37 बजे, होजाई से 17:40 बजे, लमडिंग से 18:30 बजे, डिफू से 19:02 बजे, दिमापुर से 19:37 बजे फरकाटिंग से 22:00 बजे, मरियानी से 22:42 बजे, सिमालूगुड़ी 23:52 बजे, तीसरका दिन नाहरकटीया से 01:17 बजे आ न्यू तिनसुकिया से 02:02 बजे छूटके डिब्रूगढ़ 03:30 बजे पहुंची।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]