[the_ad_group id="30365"]

Opendoor भारत से समेटलस आपन कारोबार, 250 कर्मचारी के नौकरी गइल, कंपनी कहलस- अब एआई करी काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाशिंगटन। अमेरिका के रियल एस्टेट टेक्नोलॉजी कंपनी Opendoor भारत में आपन पूरा कारोबार बंद करे के फैसला कइले बा। एह फैसला से कंपनी में काम करे वाला करीब 250 भारतीय कर्मचारी प्रभावित होई लो। कंपनी के कहनाम बा कि अब परिचालन से जुड़ल काम अमेरिका में ग्राहकन के नजदीक रहके बेहतर तरीका से संभालल जा सकेला।

कंपनी के सीईओ काज नेजातियान बतवलें कि ई फैसला कर्मचारियन के प्रदर्शन से जुड़ल नइखे, बलुक कंपनी के नया बिजनेस रणनीति के हिस्सा बा। Opendoor 2.0 योजना के तहत कइयन गो पदन के अमेरिका में स्थानांतरित कइल जा रहल बा, ताकि ग्राहक सेवा आउर मजबूत हो सके।

AI के बढ़त इस्तेमाल बनल कारण

Opendoor अब आपन कइयन गो परिचालन संबंधी काम खातिर आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI) आधारित टीमन के इस्तेमाल बढ़ावत बा। कंपनी के माने के बा कि तकनीक में सुधार आ एआई के मदद से अब बहुत सारा मैनुअल काम आसान हो गइल बा, एकरा से बिदेस में बड़ टीम राखे के जरूरत कम हो गइल बा।

सीईओ बतवलें कि कंपनी कुछ महीना पहिलही से कुछ पद अमेरिका वापस ले जाये के प्रक्रिया सुरू कs चुकल रहे। अब एह डेग के पूरा करत भारत इस्थित संचालन के पूरा तरे बंद कइल जा रहल बा।

भारतीय टीम के सराहना कइलस कंपनी

काज नेजातियान सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म X पs पोस्ट क के कहलन कि भारत में काम करे वाला टीम बेहद प्रतिभाशाली रहल बिया। ऊ कहलें कि ई फैसला कर्मचारियन के क्षमता भा कामकाज पs सवाल नइखे, बलुक बदलत तकनीक आ बिजनेस मॉडल के जरूरत के चलते लिहल गइल बा।

प्रभावित कर्मचारीन के मिली सहायता

कंपनी के ओर से निकालल जा रहल कर्मचारियन के सेवरेंस पैकेज (मुआवजा), ट्रांजिशन सहायता आ नया नौकरी खोजे में मदद देवे के बेवस्था कइल गइल बा। कुछ कर्मचारी फिलहाल जरूरी काम पूरा करे खातिर अस्थायी रूप से कंपनी में बनल रही लोग।

कंपनी के रणनीति में बदलाव ना

हालांकि कर्मचारियन के संख्या घटावे के बादो Opendoor के सीईओ कहलें कि कंपनी के वित्तीय इस्थिति मजबूत बा। कंपनी के लक्ष्य संचालन के सरल बनावल, एकीकृत प्लेटफॉर्म विकसित कइल आ मैनुअल प्रक्रिया पs निर्भरता कम कइल बा।

Read Also: 11 जून 2026 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]