[the_ad_group id="30365"]

अंतराष्ट्रीय योग दिवस पs भव्यता से सम्प्पन भइल ओम फिटनेस योग शिविर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस पs आयोजित ॐ फिटनेस योग संस्थान के द्वारा सात दिन के योग शिविर के समापन समारोह में योगाचार्य धर्मेन्द्र प्रजापति जी हजारन से जादे गोरखपुर से आइल अलग-अलग पार्कन के योग साधकन के भारत सरकार के द्वारा दिहल गइल प्रोटोकॉल के करावत आउर अलग-अलग योग के क्रिया जइसे एक्युप्रेशर क्लिपिंग थेरेपी आयोग एरोबिक्स, हास्य आसन, तालीवादन, शांतिपाठ आ अंत मे राष्टगान कराके जयघोष के संगे समापन कइलें।

कार्यक्रम के मुख्य अतिथि भारतीय जनता पार्टी के क्षेत्रीय अध्यक्ष माननीय सहजानंद राय, विशिष्ट अतिथि दिव्य ज्योति जागृति संस्थान के स्वामी अर्जुन आनंद, गांधी विचार मंच महामंत्री उमेश चौरसिया, सेवानिवृत्त कमिश्नर चौरसिया सदानंद जी, श्री बालाजी शिक्षण संस्थान के डॉ मनीष जी, प्रजापति स्वाभिमान एसोसिएशन संरक्षक श्री राम प्रसाद चौधरी, यूपी एसएससी 226 रैंक गौरव त्रिपाठी, क्षेत्र संयोजक भारतीय जनता पार्टी रवीशमणि त्रिपाठी उर्फ राजा भैया, प्रवीन शास्त्री आदि सब अतिथियन द्वारा दीप प्रज्वलित कs के योग कार्यक्रम के सुभारंभ करावल गइल।

मुख्य अतिथि कार्यक्रम के संबोधित करत बतवलें कि योग स्वास्थ खातिर धरोहर के काम करेला जवन खाली एक दिन खातिर ना हर दिन खातिर बा। ओहिजा विशिष्ट अतिथि स्वामी अर्जुन आनंद बतवलें कि योग से तन आ मन के स्वस्थ कs  के ईश्वर दर्शन तक पहुंचल जा सकत बा जवन एगो पूर्ण गुरु के सानिध्य में प्राप्त होई।

कार्यक्रम के संचालन उद्बोधन डीडीयू छात्र नेता जितेंद्र प्रजापति, गीतांजली चौरसिया आ डॉ कुँवर गोरखपुरी कइल लो।

एह कार्यक्रम में योगाचार्य धर्मेन्द्र प्रजापति के मुख्य सहयोगी आई के श्रीवास्तव, आलोक , लूसी मौर्या, राजकीय उद्यान गोरखपुर के उद्यान इंचार्ज पीएस शुक्ला आ एसएचओ कोरिया गोंडा संदीप सिंह 51 पवधा के सहजोग, कुमकुम यादव, राधा कृष्ण, सिद्धार्थ आदि रहे लो।

योगाचार्य धर्मेंद्र अपना सभे प्रभारी आ टोली के धन्यवाद ज्ञापित करत सभे देसवासियन के अंतरराष्ट्रीय योग दिवस के अनघा बधाई आ सुभकामना संप्रेषित कइलें। योग कक्षा में उपस्थित व्यास चौरसिया, मुकेश साहनी, प्रमोद गौड़, नरेंद्र, घनश्याम, अमरदीप शुक्ला, शोभा पांडे, नीतू सिंह, आभा सिंह, कंचन, अंजलि, रानी, शुष्मा आदि प्राभारी आ सहयोगी उपस्थित होके योग कार्यक्रम के सफल बनावल लो।

 

IND vs PAK Football: भारत पाकिस्तान के 4-0 से परास्त कइलस; कप्तान सुनील छेत्री बरसवलें गोल, लगवलें हैट्रिक

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]