[the_ad_group id="30365"]

अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस के अवसर पs मशरक में भाजपा पार्टी के कार्यकर्ता लोग कइल योगाभ्यास 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: भाजपा जिला किसान मोर्चा मीडिया प्रभारी श्याम बिहारी सिंह के नेतृत्व में अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस के अवसर पs मशरक रामघाट ओपन जिम सेंटर के प्रांगण में योग शिविर के आयोजन कइल गइल।

एह अवसर पs मुख्य रूप से भाजपा जिला युवा मोर्चा मंत्री धीरज कुमार सिंह, मशरक प्रखंड सांसद प्रतिनिधि आ भाजपा नेता राकेश सिंह महंत, योग प्रशिक्षक राम किऺकर सिंह आ कइयन गणमान्य लोग योग शिविर में भाग लिहल। योग शिविर में प्रशिक्षण रामकिंकर सिंह कटी संचालन, प्राणायाम, सूर्य नमस्कार, स्कंद संचालन, वृक्षासन, तरासन, नारी शोधन प्राणायाम, कपाल भाती आदि योग के अभ्यास करवलें। ऊ बतवलें कि योग कइयन तरे के आसन के नाम ना हs। एकर अर्थ होला जुड़ल। माने, मन के वश में कइल आ वृत्तियों से मुक्त होखले योग हs। योग इंसान के निरोग रखे में सबसे अहम भूमिका निभावेला। दुनिया भर में 21 जून के अंतराष्ट्रीय योग दिवस’ मनावल जाला। ऊ इहो कहलें कि स्वस्थ रहे के बा तs योग जरूरी बा

एह योग शिविर में मुख्य रूप से समाजसेवी भरत सिंह उर्फ चीकू सिंह, रामनरेश सिंह, छठी लाल शर्मा शिक्षक, हेमंत कश्यप, एलआईसी अभिकर्ता राजेश कुमार सिंह, भाजपा नेता स्वामीनाथ गिरी, सहित कइयन गो आउर गणमान्य लोग सम्मिलित भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]