[the_ad_group id="30365"]

देवरिया के सरस्वती वरिष्ठ माध्यमिक विद्या मंदिर में मनावल गइल अंतराष्ट्रीय योग दिवस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया: आज अंतराष्ट्रीय योग दिवस (21 जून) के अवसर पs समूचा देस में जगह जगह योग शिविरन के आयोजन कइल गइल। एही क्रम में सरस्वती वरिष्ठ माध्यमिक विद्या मंदिर, देवरिया के प्रांगण मे आज बुध के सबेरे 6:30 बजे से 7:30 बजे से योग शिविर लगावल गइल। एह शिविर में सइयन के संख्या में योग कइल आ अपना उत्तम स्वास्थ खातिर निरंतर योग करे खातिर प्रण लिहल लो।

बता दीं कि एह अवसर पs योग शिझक दुर्गेश तिवारी के निर्देशन में लोग कइयन तरह के योगासन कइल। योग दिवस पs विधालय प्रबंधन के अध्यक्ष अशोक श्रीवास्तव, प्रबंधक मुंनी लाल शर्मा, प्रधानाचार्य अनिरुद्ध सिंह आ तमाम शिक्षक लोगन के संगे सइयन लोग शिविर में उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]