Siwan: ऑल इंडिया लियाफी के आह्वान पs एलआईसी शाखा के सामने भइल एकदिन के धरना

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 28, 2024

सीवान। ऑल इंडिया लियाफी के आह्वान पs राष्ट्रीय स्तर पs एलआईसी प्रबंधन के ओर से 1 सितंबर, 2024 से लागू कइल गइल करिया कानून के विरोध में एलआईसी सिवान शाखा के अभिकर्ता लोगन के ओर

Share

सीवान एलआईसी के सोझा धरना प्रदर्शन पs बइठल अभिकर्ता

सीवान। ऑल इंडिया लियाफी के आह्वान पs राष्ट्रीय स्तर पs एलआईसी प्रबंधन के ओर से 1 सितंबर, 2024 से लागू कइल गइल करिया कानून के विरोध में एलआईसी सिवान शाखा के अभिकर्ता लोगन के ओर से एक दिन के धरना दिहल गइल। एमे सइयन के संख्या में अभिकर्ता सामिल भइल लो।

एह अवसर पs मांगन पs चरचा करत परम चौधरी के ओर से बतावल गइल कि पुरनका कमिशन लागू कइल जाव। बीमा लेवे खातिर उमिर सीमा बढ़ावल जाव। न्यूनतम बीमा राशि दु लाख से घटाके एक लाख कइल जाव। पॉलिसी धारकन के बोनस बढ़ावल जाव। क्लाउ बैंक कानून वापस लिहल जाव! धर्मेंद्र कुमार पर्वत बतवलें कि क्लाउ बैक कानून लागू होखल अभिकर्तन खातिर बहुते घातक बा। रवि शंकर उपाध्याय बतवलें कि एजेंट एलआईसी के स्तंभ हs लो। एजेंटे पs पूरा भारतीय जीवन बीमा निगम टिकल बा आ ओकर कर्मचारी अधिकारी सुख-सुविधा के उपयोग करेला लो।

एह अवसर पs डॉ. मानिकचंद, रामकुमार राय, धर्मेन्द्र कुमार पर्वत, परामा चौधरी, दीप नारायन सिंह, उदय सिंह,  ओसिहर सिंह, विजय कुमार प्रसाद, कौशल किशोर राय, कुनाल किशोर सिंह, सोब्रती मियां, ज्ञान शंकर गुप्ता, रुपेश श्रीवास्तव, बिरदा पंडित, आजाद अंसारी, मंसूर आलम भिर्गुनाथ प्रसाद, अखिलेश श्रीवास्तव सहित सइयन अभिकर्ता मवजूद रहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.