आज मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहें उमर अब्दुल्ला, जम्मू-कश्मीर में आइएनडीआइए के शक्ति प्रदर्शन के तइयारी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 16, 2024

केंद्र शासित जम्मू-कश्मीर के पहिला निर्वाचित सरकार बुध के शपथ ग्रहण समारोह के संगही आपन कामकाज संभार ली। मुख्यमंत्री के रूप में उमर अब्दुल्ला सहित कुल 10 मंत्री पद आ गोपनीयता के शपथ ली लो।

Share

केंद्र शासित जम्मू-कश्मीर के पहिला निर्वाचित सरकार बुध के शपथ ग्रहण समारोह के संगही आपन कामकाज संभार ली। मुख्यमंत्री के रूप में उमर अब्दुल्ला सहित कुल 10 मंत्री पद आ गोपनीयता के शपथ ली लो। शपथ समारोह में भाग लेवे खातिर मंगर के समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष अखिलेश यादव श्रीनगर पहुंच गइलें। कांग्रेस प्रमुख मल्लिकार्जुन खरगे आ राहुल गांधी बुध के सबेर पहुंची लो।

केंद्र शासित जम्मू-कश्मीर के पहली निर्वाचित सरकार बुध के शपथ ग्रहण समारोह के संगही आपन कामकाज संभार ली। मुख्यमंत्री के रूप में उमर अब्दुल्ला सहित कुल 10 मंत्री पद आ गोपनीयता के शपथ ली लो। शपथ समारोह श्रीनगर में डल झील के किनारे इस्थित शेरे कश्मीर इंटरनेशनल कन्वेंशन सेंटर (एसकेआइसीसी) में सबेरे 11:30 बजे होई। उमर आ आउर मंत्रियन के उपराज्यपाल मनोज सिन्हा शपथ दिलइहें।

आइएनडीआइ गठबंधन के शक्ति प्रदर्शन के बा तइयारी

नेशनल कान्फ्रेंस-कांग्रेस के सरकार के गठन के बहाने आइएनडीआइ गठबंधन के शक्ति प्रदर्शन के तइयारियो बा। शपथ समारोह में भाग लेवे खातिर मंगर के समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष अखिलेश यादव श्रीनगर पहुंच गइलें। कांग्रेस प्रमुख मल्लिकार्जुन खरगे आ राहुल गांधी बुध के सबेरे पहुंची लो।

ममता, केजरीवाल सहित 50 नेता लोगन के कइल गइल आमंत्रित

नेकां के एगो वरिष्ठ नेता बतवलें कि शपथ ग्रहण समारोह में कांग्रेस के अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे मवजूद रहिहें। सपा नेता अखिलेश यादव पहुंच गइल बाड़ें। कांग्रेस नेता राहुल गांधी, सोनिया गांधी आ प्रियंका गांधी, बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी, आम आदमी पार्टी (आप) के प्रमुख अरविंद केजरीवाल, शिवसेना (यूबीटी) के अध्यक्ष आ महाराष्ट्र के पूर्व मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे, माकपा नेता प्रकाश करात आ भाकपा नेता डी राजा सहित लगभग 50 नेता लोगन के आमंत्रित कइल गइल बा। नेकां अध्यक्ष डा. फारूक अब्दुल्ला बतवलें कि शरद पवार बेमार बाड़ें, एहिसे उनकर बेटी सुप्रिया सुले आ रहल बाड़ी। तमिलनाडु के मुख्यमंत्री एमके स्टालिन के आवे के रहे, बाकिर अब उनकर बहिन कनिमोझी करुणानिधि आ रहल बाड़ी।

प्रदेश सरकार के मिले के चाहीं सब अधिकार

नेकां अध्यक्ष डा. फारूक अब्दुल्ला कहलें कि इहां लोगन के निर्वाचित सरकार से बहुत उम्मीद बा। इहां राज्य के दर्जा जल्दिये बहाल होखे के चाहीं। सब विभागन के अधिकार प्रदेश सरकार के मिले के चाहीं, तब इहां सही मायनन में जनता के सरकार होई। उपराज्यपाल के लगही एह समय सब अधिकार बा आ ई अधिकार तब ले उनका लगे रही जब तक इहां केंद्र शासित प्रदेश के दर्जा रही। जम्मू-कश्मीर हिंदुस्तान के मुकुट हs, हमनी के एह मुकुट के चमकावे के चाहीं।

ई लोग बनावल जा सकत बा मंत्री

सूत्रन के मानी तs जम्मू संभाग से सुरिंदर चौधरी, सतीश शर्मा आ जावेद राणा आउर कश्मीर संभाग से अली मोहम्मद सागर भा उनकर लईका सलमान सागर, सकीना मसूद, हसनैन मसूदी, मीर सैफुल्लाह, तनवीर सादिक के मंत्री बनावल जा सकत बा। कांग्रेस के प्रदेशाध्यक्ष तारिक हमीद करा आउर सज्जाद शाहीन के मंत्री के रूप में शपथ दिलावे के चरचा बा।

साभार: दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.