[the_ad_group id="30365"]

धूमधाम से मनावल गइल ओम फिटनेस योग संस्थान के स्थापना दिवस महोत्सव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के महंत दिग्विजय नाथ पार्क में ओम फिटनेस योग संस्थान के पहिला स्थापना दिवस महोत्सव के धूम से मनावल गइल।

जेमे मुख्य अतिथि पूर्व मेयर सत्या पांडेय, विशिष्ठ अतिथि राजा भैया, स्वामी अर्जुना आनंद, प्रियंका नितिन वर्मा आ चारूशीला, आईपीएस गौरव त्रिपाठी, शेषमणी प्रजापति, समाज सेवी रेखा गुप्ता रहल लो।

स्थापना दिवस महोत्सव पs योग साधकन कावर से अलग-अलग सांस्कृतिक कार्यक्रम आ योग के प्रदर्शन करत समाज में उत्कृष्ठ कार्य कs रहल समाज सेवी आ पत्रकार मीडिया बंधुअन के संस्थान कावर से स्मृति चिन्ह आ अंग वस्त्र देके समानित्त कइल गइल।

संस्थान के योगाचार्य धर्मेंद्र प्रजापति संस्था के तरफ से सब केहू के धन्यवाद अर्पित करत अपना सहयोगियन के विशेष आभार प्रकट कइलें।

कार्यक्रम के दौरान डॉ० अनिल योगी, डॉ० सोभित , डॉ० नरेंद्र, मुकेश साहनी, ब्यास चौरसिया संतोष कुमार, अनिरुद्ध, आलोक गुप्ता, सोभा पांडेय, तरुणा चेतनानी, नीलू यादव, आलोक गुप्ता, उमा त्रिपाठी, सोनू, लुसी मौर्या इत्यादि सइयन से जादे साधक उपस्थित रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]