भुवनेश्वर। ओडिशा के नयागढ़ जिला के बालूगांव इलाका अंतर्गत चेदापड़ा के लगे मंगर के एगो बड़ सड़क हादसा हो गइल। राकामा से नयागढ़ जा रहल एगो यात्री बस अचानक पलट गइल, जवना में कम से कम 20 लोग गंभीर रूप से घायल हो गइलें।
जानकारी के मोताबिक बस राकामा से नयागढ़ जात रहे। रास्ता में ड्राइवर बस पs नियंत्रण खो देलस, जवना के चलते बस सड़क किनारे पलट गइल। बस में करीब 50 यात्री सवार रहे लोग।
बस पलटतही यात्री एने-ओने गिर गइल लोग आ जोर-जोर से चिल्लाये लागल, पूरा इलाका में अफरा-तफरी मच गइल।
20 लोग गंभीर रूप से घायल
एह हादसा में लगभग 20 यात्री गंभीर रूप से घायल हो गइलें, जबकि कइयन गो लोगन के हल्का चोट लागल बा। कुछ यात्रियन के हालत नाजुक बतावल जा रहल बा।
स्थानीय लोग आ पुलिस के मदद
हादसा के बाद आसपास के लोग तुरंत मवका पs पहुंचल आ राहत-बचाव के काम सुरू कइलें। बस में फंसल यात्रियन के बाहर निकालल गइल आ अस्पताल भेजल गइल। सूचना मिलतही फतेगढ़ थाना पुलिस मवका पs पहुंच के बचाव कार्य सुरू कइलस।
जांच सुरू
प्रशासन हादसा के कारण के जांच सुरू कs देले बिया। पता लगावल जा रहल बा कि ई हादसा तेज रफ्तार, ड्राइवर के गलती भा सड़क के खराब हालत के चलते भइल बा।
Read Also: Share Market : शेयर बाजार में नरमी, सेंसेक्स 200 अंक गिरल, निफ्टियो में बिकवाली








