अयोध्या में अचानक उतरले NSG कमांडो, दुकान-सड़क सब बंद, जानीं का बा माजरा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 20, 2024

राम लल्ला के सुरक्षा खातिर अयोध्या में एनएसजी कमांडो के तैनाती करे के रहे। एह संबंध में एनएसजी टीम पिछला 3 दिन से लगातार आपन हुनर देखावत बिया। काल्ह राम जन्मभूमि परिसर में राष्ट्रीय सुरक्षा

Share

राम लल्ला के सुरक्षा खातिर अयोध्या में एनएसजी कमांडो के तैनाती करे के रहे। एह संबंध में एनएसजी टीम पिछला 3 दिन से लगातार आपन हुनर देखावत बिया। काल्ह राम जन्मभूमि परिसर में राष्ट्रीय सुरक्षा गार्ड (एनएसजी कमांडो) आपातकालीन इस्थिति में सुरक्षा के व्यवस्था करत आतंकी गतिविधियन से निपटे में आपन हुनर के प्रदर्शन कइलस। एकरा बाद जब देर रात एक बेर फेरु एनएसजी के कमांडो अयोध्या के सड़क पs उतरले तऽ अयोध्या के लोग तक अचरज में पड़ गइले।

देर रात हनुमानगढ़ी कनक भवन आ दशरथ महल के सगरी दोकान अचानक बंद हो गइल। एकरा बाद हनुमानगढ़ी बड़ा स्थान कनक भवन परिसर में एगो प्रदर्शन कइल गइल कि आतंकी गतिविधि के इस्थिति में लोग के सुरक्षा कइसे कइल जा सकत बा आउर आपातकालीन इस्थिति से कइसे निपटल जा सकऽता। एनएसजी के जवान बड़ा स्थान से लेके कनक भवन अवुरी हनुमानगढ़ी तक मॉक ड्रिल करत आपन हुनर के प्रदर्शन कइले। एह दौरान हनुमानगढ़ी आ कनक भवन के आसपास के भक्ति पथ मार्ग पूरा तरह से बंद हो गइल। अचानक भइल ए अभ्यास से स्थानीय लोगो हैरान लउकत रहले।

स्थानीय पत्रकार बतवले कि इहाँ एनएसजी कमान बनावल जाता। एहिजा सावन झूला मेला आ कावड़ यात्रा के तइयारी हो गइल बा। एकरा बारे में एनएसजी के टीम अयोध्या में आइल बिया काहे कि अयोध्या के सुरक्षा देश के शीर्ष सुरक्षा एजेंसी संभालत बिया। एनएसजी के ओर से चलावल जा रहल मॉक ड्रिल के बारे में उऽ कहले कि इ अपने आप में एगो रोमांचक आ अद्भुत दृश्य बा कि आपातकालीन इस्थिति में लोग के कइसे बचावल जा सकता, एकर प्रदर्शन भइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.