[the_ad_group id="30365"]

अब NDA चल देलस अंतिम चाल! JDU प्रत्याशी खातिर पूर्णिया पहुंचले चिराग पासवान, भावुक होके कइले पिता के इयाद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्णिया में आज सांझ से प्रचार के दौर थम जाई। एकरा से पहिले एनडीए भी आपन अंतिम चाल चल देलस। जदयू कैंडिडेट संतोष कुशवाहा के प्रचार करे खातिर बिहार के दुनु डिप्टी सीएम आ चिराग पासवान पहुंच गइले। उऽ जानता से दिल के बात कह देले। चिराग पासवान अपना संबोधन के दौरान पिता रामविलास पासवानो के याद दिअवले।

पूर्णिया सीट पऽ राजद आ एनडीए पूरा जोर – शोर लगा रहल बा। इहाँ आज प्रचार के दौर थम जाई। एकरा से पहिले एनडीए अंतिम चाल चल देलस। पूर्णिया के केनगर प्रखंड अंतर्गत माता कामाख्या स्थान हाई स्कूल मैदान पऽ एक साथे एनडीए के कई गो स्टार प्रचारक पहुंचले आ चुनावी सभा के संबोधित कइले।

उप मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी, विजय सिंहा आ लोजपा (रा) नेता चिराग पासवान (Chirag Paswan) एक साथे हेलीकॉप्टर से मां कामख्या स्थान मंदिर परिसर पहुंचले। इहाँ लाेगन से केंद्र में नरेंद्र मोदी के सरकार बनावे खातिर जदयू प्रत्याशी के लोकसभा भेजे के अपील कइले।

सम्राट चौधरी का कहले ?

उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी (Samrat Chaudhary) चुनावी सभा के संबोधित करत घरी कहले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार (Nitish Kumar) के नेतृत्व में देश आ राज्य आ सर्वांगीण विकास हो रहल बा। कहले कि सब भ्रष्टाचारी नेता लो एक हो गइल बा आ जनता के बरगलाने के काम कर रहल बाड़े हैं। अइसन दलन से सावधान रहे के जरूरत बा।

उऽ देश के राज्य के विकास खातिर एनडीए उम्मीदवार के जितावे के अपील कइले। उहें, उपमुख्यमंत्री विजय सिन्हा कहले कि नरेंद्र मोदी भारत के आज वो स्थिति में लिआ देले बाड़े कि पूरा दुनिया उनका ओर टकटकी लगा के देख रहल बिया। चाहे आर्थिक मोर्चा होखे भा विदेश नीति देश आज मजबूत स्थिति में बा।

चिराग पासवान का कहले ?

उऽ कहले कि विकसित भारत, समृद्ध बिहार खातिर एनडीए के सरकार के केंद्र में एक बार फेर आवल जरूरी बा। उहें, लोजपा (रामविलास) के राष्ट्रीय अध्यक्ष चिराग पासवान कहले कि पहले चरण के चुनाव में जनता मतदान देके पीएम नरेंद्र मोदी के तीसरका बेर देश के प्रधानमंत्री बनावे के जोरदार समर्थन कइले बा।

उऽ कहा कि पूर्णिया से उनकर पिताजी के पुराना नाता रहल बा, इहाँ के लोग उनका के दिल से चाहत बा। एहिसे इहाँ के लोगन से उऽ मिले आ गइले। कहले कि देश आ राज्य के विकास खातिर नरेंद्र मोदी के जरूरत बा।

उऽ कहले कि बहुरुपीया नेता लोग इहाँ जाल बिछावे के प्रयास करिहें, बाकिर रउआ सभे जनता के सजग रहे के होई। ओहिजा, मंत्री बिहार सरकार लेशी सिंह जनता के संबोधित करत कहले कि विकास पुरुष नीतीश कुमार आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में पूर्णिया सहित पूरा राज्य आ देश में भयमुक्त वातावरण बनल बा। रोजगार आ सुरक्षा के साथे महिला लो के सम्मान बढ़ल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]